बड़का नाम वाले बॉलीवुड स्टारन के भोजपुरी सिनेमा

0
1537
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरी फिल्म के आपन अलग ही रुतबा ह। देश-विदेश में एकर आपन दर्शक दीर्घा बा। भोजपुरी फिल्म के कारोबार भी उफान प रहेला। जेकरा चलते बालीवुड के दिग्गज कलाकार लोग भी एने के रुख करत रहेलें अउर इ सिलसिला आज भी जारी ह।

एही कड़ी में सबसे पहिले बात मिलेनियम स्टार अमिताभ बच्चन के, जवन आपन अदाकारी से करोडो दिलों पर राज करेलन। हिन्दी सिनेमा के संगे-संगे भोजपुरी सिनेमा में भी आपन अदाकारी से दर्शकों के दिलों में समाइल अमिताभ बच्चन के भोजपुरी सिनेमा से बहुते लगाव बा । इहे वजह बा की उ ‘गंगोत्री’, ‘गंगा देवी’ जइसन  कई भोजपुरी सिनेमा में काम कइले बाड़न। उनकर चर्चित भोजपुरी फिल्म ‘गंगा’, में  बिग बी के संगे  हेमा मालिनी भी काम कइले बाड़ी। मनोज तिवारी अउर रवि किशन भी एह फिल्म के हिस्सा रहन। इ फिल्म के प्रोडक्शन अमिताभ के मेकअप मैन विश्राम सावंत के रहे।

Bhojpuri starsबॉलीवुड में सिंघम के नाम से जानल जाएवाला अजय देवगन भी ‘धरती कहे पुकार के’  भोजपुरी फिल्म में काम कर चुकल बाड़न । इ फिल्म में उनका संगे मनोज तिवारी अउर ऐक्ट्रेस सर्बानी मुखर्जी रही।

भोजपुरी फिल्म ‘हम हईं खलनायक’ में  बॉलीवुड के एगो अउर सुपर स्टार जैकी श्रॉफ भी भोजपुरी सिनेमा के हिस्सा रह चुकल  बाड़न।

त बॉलीवुड के मिथुन चक्रवर्ती  भी  ‘भोले शंकर’ नाम के सुपरहिट भोजपुरी सिनेमा में आपन लक अजमवले बाड़न। इ  पहिल अइसन भोजपुरी सिनेमा ह जवन  भारत में  ही ना, बल्कि विदेशों में भी लॉंच करल गइल  रहे।

अउर अब भोजपुरी सिनेमा जगत में एगो अउर मशहूर बॉलीवुड स्टार के नाम जुड़े जा रहल बा गोविंदा के। चीची आपन लाजवाब कॉमिक टाइमिंग से दर्शकों के हंसावे वाला अभिनेता हवन। गोविंदा भोजपुरी फिल्म ‘हल्‍फा मचाके गइल’ से आपन नई पारी के शुरुआत करे जा रहल बाड़न। इ उनकर पहिला भोजपुरी फिल्म ह।

एह  फिल्म से भोजपुरी सिनेमाजगत के एगो अउर नया अउर दमदार अभिनेता मिले  जा रहल  बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here