“गैंगस्टर दुल्हनिया” भोजपुरी सिनेमा के एक नया मोड़ दी

0
1332
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

कई टेलीविजन सीरियल अउर भोजपुरी फिल्म में काम कर चुकल एक्ट्रेस निधि झा आपन आवे वाला भोजपुरी फिल्म “गैंगस्टर दुल्हनिया” के शूटिंग खातीर जमशेदपुर आइल बाड़ी। जहवां कई दिनो से उनकर फिल्म गैंगस्टर दुल्हनिया के शूटिंग चल रहल बा।

निधि झा बतवली कि आमतौर पर भोजपुरी फिल्म के निर्माता-निर्देशक लटका-झटका वाला फिल्म के निर्माण ज्यादा करेलन, बाकि फिल्म “गैंगस्टर दुल्हनिया” भोजपुरी फिल्म के ट्रेंड बदलके रख दी।  इ एगो अलग विषय-वस्तु के फिल्म ह। एह फिल्म के कहानी एगो लड़की के बा , जवन गैंगस्टर बन जातीया।

Gangster bride13 साल के उम्र से ही अभिनय से जुड़ल निधि के पूरा परिवार मुबंई में रहेला,  बाकी उनका बिहारी कहावे प गर्व महसूस होला। निधि के फिल्म “जिद्दी” अउर “गदर” से भोजपुरी फिल्म जगत में लोकप्रियता हासिल भइल रहे। बिहार में उनकर चाहे वाला उनका लुलिया नाम से भी जानेलन। इनकर नाम प एक साल में सबसे ज्यादा सात फिल्म बनावे के रिकार्ड भी दर्ज बा।

निधि के कहनाम बा कि भोजपुरी फिल्म अउर भाषा दुनों बहुत सुंदर बा। एह में अश्लीलता के कवनों गुंजाइश नइखे। बाकी कुछ लोग भोजपुरी फिल्म अउर भाषा के मतलब खराब कर रहल बाड़न।

कई सीरियल से लोगन के पसंदीदा बनल निधि अबले टेलीविजन सीरियल ..सपने सुहाने लड़कपन के, बेइंतहा, बालिका वधू, गुलाम, तारक मेहता का उल्टा चश्मा, कुल दीपक समेत दर्जनों भर से ज्यादा सीरियल अउर ढ़ेड साल में ग्यारह भोजपुरी फिल्म में काम कर चुकल बाड़ी।

फिल्म “गैंगस्टर दुल्हनिया” जी आर 8 फिल्म्स के बैनर तले बन रहल बा। फिल्म के निर्माता कुमार विवेक अउर निर्देशक सौरभ सुमन हवन , जबकि फिल्म में गौरव झा, निधि झा, ग्लोरी मोहंता अउर  संजय पांडे समेत जमशेदपुर के स्थानीय कलाकार भी आपन जलवा बिखेरीहें। शूटिंग जमशेदपुर समेत आस-पास के अलग-अलग लोकेशन प भी होइ।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here