हरियाणा के सिंगर सपना चौधरी अब भोजपुरी में मचइहें धमाल

0
1498
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

बिग बॉस-11 फेम हरियाणवी सिंगर अउर डांसर सपना चौधरी के अब भोजपुरिया लुक सामने आइल बा। उ जल्द ही भोजपुरी सिनेमा ‘बैरी कंगना-2’ में नजर आवे वाली बाड़ी। सपना भोजपुरी फिल्म ‘बैरी कंगना -2’ में एगों आइटम सांग शूट कइले बाड़ी। फिल्म के लीड रोल में  भोजपुरियां सुपर स्टार रवि किशन नजर अइहे।

आप सबे के बता दी कि आरएसवीपी प्रोडक्शन के बैनर तले बन रहल फिल्म ‘बैरी कंगना -2’ में सपना चौधरी अउर रवि किशन के संगे भोजपुरी के दुगो खूबसूरत एक्ट्रेस काजल राघवानी अउर शुभी शर्मा भी नजर अइहें।

सपना के इ आइटम सॉन्ग के संजय कोर्वा ,कोरियोग्राफ कइले बाड़न। संजय के कहनाम बा कि सपना एगो कमाल के एक्ट्रेरस बाड़ी। उम्मीद से कहीं ज्यादा बेहतर काम कइले बाड़ी। सपना खातीर भोजपुरी के ऑडियंस अउर इंडस्ट्री में इ वेलकम गिफ्ट ह।

ओहिजे, आइटम सॉन्ग शूट कइला के बाद सपना चौधरी कहली कि हमरा खातीर हर ऑडियंस अउर स्टेज बराबर बा। बिग बॉस के बाद हमार फैंस बढ़ गइल बाड़न अउर फैंस खातीर हमार जिम्मेदारी भी बढ़ गइल बा। सपना खातीर फिल्म के ऑफर भी आ रहल बा। सपना के कहनाम बा कि हमरा खातीर हर कैरेक्टर बराबर बा। हम कवनों काम के छोट-बड़ ना समझीना, बाकी थोड़ मर्यादा में रहके ही सब निक लागेगा।

एगो कलाकार के नाते हमार कोशिश रहेला कि हम जवन कुछ भी करी उ हमार फैंस के पसंद आवे। इ हमार पहिला भोजपुरी फिल्म ह, जेकरा में हम आपन सौ प्रतिशत देवे के कोशिश कइले बानी।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here