Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

आपन स्टाइल चले के खास अंदाज अउर संवाद अदायगी के अनोखा ढंग से लोकप्रियता पावे वाला सुपरस्टार रजनीकांत के नाम सुनते ही दिमाग में बस एकेगो शब्द गूंजेला… स्टाइलिस्ट किंग। अउर उनकर करियर प नजर डाल के देखल जाओ त उनकर इ नाम स्टाइलिस्ट किंग प कवनों शक-सुबहा ना रह जायी ।

अभिनय के इ महारथी के .. उनकर प्रशंसक भगवान के रूप में पूजेलन। आपन मेहनत अउर लाजवाब ऐक्टिंग से रजनी कांत पर्दा प असंभव के सभंव बना देवेवाला इकलौता सुपर स्टार बाड़न। रजनी कांत उ चुनिंदा अभिनेताओं में से एक हवन , जवन शुरुआत से शोहरत के बुलंदी ले विनम्रता के साथ खड़ा रहेलन।

उनकर  जिन्दगी के सफर के कहानी कारपेंटर ,कुली, कंडकटर से लेके सुपर स्टार बने तक के बा।

Rajnikant fansकरियर के शुरुआत में तमिल फिल्म में मुख्य अभिनेता के भूमिका मिलल रहे.. जेकरा बाद उ कभी पीछे मुड़के ना देखलें। कुछे साल में  रजनीकांत तमिल सिनेमा के महान सितारा बन गइलें। तब से लेके आज ले सिनेमा जगत में रजनी कांत एगो प्रतिमान बन गइल बाड़न ।

मितभाषी रजनीकांत अन्य देश के फिल्म में भी काम कइले बाडन, जवना में अमेरिका के फिल्म भी शामिल बा। रजनी उ गिनल-चुनल सितारों में से एक हवन, जे मानेलन कि उनका जगह उनकर काम बोलोला।

द बॉस थलाइवा’ बॉलीवुड में  ‘मेरी अदालत’,  ‘जान जॉनी जनार्दन’,  ‘भगवान दादा’,  ‘दोस्ती दुश्मनी’,  ‘इंसाफ कौन करेगा’,  ‘असली नकली’,  ‘हम’,  ‘खून का कर्ज’,  ‘क्रांतिकारी’,  ‘अंधा कानून’,  ‘चालबाज’,  ‘इंसानियत का देवता’  जइसन हिंदी फिल्मों से एगो खास मुकाम हासील कइले बाडन।

रजनीकांत के वर्ष 2014 में छठे तमिलनाडु स्टेट फिल्म अवार्ड्स से नवाजल गइल बा। साल 2000 में पद्म भूषण से सम्मानित भईलन, त 2014 में 45वें इंटरनेशनल फिल्म फेस्टिवल ऑफ इंडिया  में उनका के सेंटेनरी अवॉर्ड फॉर इंडियन फिल्म पर्सनेल्टिी ऑफ द ईयर से सम्मानित करल गइल।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here