बिहार के छात्रा, सरकार के देखवली राह, बना देली प्लास्टिक कचरा से रोड

0
1205
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

जहवां के शिक्षा व्यवस्था के अक्सर देश में मजाक बनावल जाला,.. ओहि बिहार के भागलपुर के नवगछिया के.. एगो सरकारी स्कूल तुलसीपुर यमुनिया आदर्श उच्च विद्यालय में पढ़ेवाली.. दसवीं के छात्रा पल्लवी प्लास्टिक के सड़क बनाके सचमुच बिहार के नाम रौशन करे के काम कइले बाड़ी। आपन आस-पास फैलल प्लास्टिक के कचरा केहू खातीर कूड़ा से ज्यादा कुछ ना होला, बाकि इ प्लास्टिक के कचरा कइसे बेहद उपयोगी साबित हो सकेला उ कारनामा देश के इ बेटी पल्लवी कर दिखइले बाड़ी।

इ सड़क के बनावे खातीर पल्लवी पहिले प्लास्टिक कचरा अउर स्टोन चिप्स इकट्ठा कइली अउर ओकरा 175 डिग्री प गर्म क के एगो छोट सड़क के मॉडल के निर्माण कइली। पल्लवी के कहनाम बा कि अगर इ सड़क के दुनों ओर पेड़ लगावल जायी त इ सड़क गर्म ना होयी, अउर टिकाऊ भी रही।

Bihar student made road from plastic waste garbageपल्लवी के पिता अवध किशोर नियोजित शिक्षक बाड़न अउर माता नीतू देवी गृहणी। उनकर शिक्षिका अर्पणा कुमारी इ मॉडल के तइयार करे में पल्लवी के मार्गदर्शन कइले बाड़ी। हालांकि प्लास्टिक के सड़क देश में 2013 से ही बनावल जा रहल बा। बाकि संभवतः बिहार के इ पहिला प्लास्टिक के सड़क बा, जवन प्लास्टिक कचरा से बनल बा अउर जवन मजबूत, टिकाऊ के साथ-साथ पर्यावरण के अनुकूल भी बा।

पल्लवी के इ मॉडल के पहिले जिला, फिर राज्य स्तर प पुरस्कार मिलल अउर अब 9 से 13 जनवरी ले कोलकाता में आयोजित भारत विज्ञान मेला में भी स्टेट बेस्ट मॉडल के अवार्ड से इनकाके नवाजा गइल बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here