दिल में लगन होई त अकेले आदमी भी कुछो कर सकेला

0
1118
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

मन में कुछ कर गुजरे के जज्बा हो.. त ना त संसाधन आड़े आवेला.. अउर ना ही मुश्किल रास्ता रोक पावेला.. कानपुर देहात के अकबरपुर के रहे वाली कंचन मिश्रा के कहानी भी कुछ अइसने बा.. सांसद भले ही प्रधानमंत्री आदर्श ग्राम योजना के सपना के पलीता क देले बाड़न.. बाकि, कंचन आपन बल प प्रधानमंत्री के इ मुहिम के आगे बढ़ावे के फैसला कइली.. उ अकबरपुर क्षेत्र के एगो गांव बनारपुर-अलीपुर के गोद लिहली.. अउर अब उनकर प्रयास बा इ गांव के जिला के सर्वश्रेष्ठ गांव बनावे के..

Man, from the heart, has able to doing anythingआपन प्रयास के तहत कंचन मिश्रा गांव के ही 10 लड़का अउर 9 लड़कियों के आपन मुहिम से जोड़ली.. इ टीम सरकार द्वारा चलावल जा रहल तमाम सरकारी योजना के जानकारी लोगन के देवे के काम करेला.. अउऱ जरूरत पड़ला प उनकर मदद भी करेला..

कंचन अउर उनकर टीम के लगन के देख के धीरे-धीरे गांव अउऱ इलाका के कई अउर लोग उनकर इ मुहिम के हिस्सा बन रहल बाड़न.. अउर कुछ लोगन के साथ शुरू भईल इ अभियान अब व्यापक बनल जा रहल बा..

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here