अब हज जाए खाती सरकार ना दी मदद, शिक्षा प खर्च होई इ सब्सिडी

0
1049
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

मोदी सरकार हज यात्रा प जाए वाला मुसलमानों के करारा झटका दिहले बा। केंद्र सरकार हज यात्रियों के मिले वाला सब्सिडी के खत्म क दिहले बा। हर साल एक लाख 75 हजार हज यात्री के सब्सिडी दीहल जात रहे। जेकरा प सरकार के सलाना 700 करोड़ रुपया खर्चा करे के पड़त रहे।

केंद्र सरकार नया हज नीति के तहत इ फैसला लिहले बा। एकरा से पहिले मोदी सरकार मुस्लिम महिला लोग के बिना मेहरम के हज प जाये के इजाजत दिहले रहे।

the government will not help Haj to visit. subsidy will be spent on educationइ साल एक लाख 75 हजार मुसलमान हज यात्रा प जाए वाला बाड़न। आजादी के बाद इ पहिला बार ह, जब भारतीय मुसलमान बिना सब्सिडी के हज यात्रा प जइहें।

सरकार के तरफ से दावा कइल जाता, कि अब हज सब्सिडी खातीर आवंटित फंड के इस्तेमाल अल्पसंख्यक वर्ग के लड़की अउर महिला लोग के शिक्षा खातीर इस्तेमाल कइल जायी। अइसे इ बात प विपक्ष के साथे-साथ बड़ तबका के भी यकीन नइखे…. काहे कि लोग पहिले से ही अइसन जन कल्याणकारी योजनाओं में हेर फेर से परेशान बाड़न…

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here