बनारस के तुलसी अखाड़ा में महिला कुश्ती के तैयारी शुरु

0
1740
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

विश्व कुश्ती की दुनिया में भारत के नाम रोशन करे खातीर काशी के महिला पहलवान लोग ऐतिहासिक तुलसीदास अखाड़ा में अभ्यास करे शुरू कर देले बाड़ी। इ महिला पहलवान लोग के तुलसी अखाड़ा तक के सफर आसान ना रहे। कड़ा मशक्कत के बाद विश्व प्रसिद्ध संकट मोचन मंदिर के महंत विश्वंभरनाथ मिश्रा  लड़कियन के इ अखाड़ा में प्रवेश के  अनुमति दिहलन।

अखाड़ा के इ कदम बड़ा प्रभावकारी और क्रांतिकारी मानल जा रहल बा । आप सबे के बता दी कि महिला पहलवानों के अनुमति देके तुलसी अखाड़ा आपन 450 साल पुरान परंपरा के तोड़ले बा । नंदिनी सरकार और आस्था वर्मा के इ अखाड़ा में प्रवेश दिहल गइल बा । सोमवार के महिला पहलवान लोग आपन  कुश्ती के दांव-पेच दिखाके सभल लोग के आपन मुरीद बना लिहली ।

अभ्यास के बाद महंत विश्वंभर नाथ मिश्रा  कहत बाड़न कि अखाड़ा लड़कियन के खिलाफ नईखे । हम एकरा के बढ़ावा देवे खातीर  व्यापक योजना बना रहल बानी । जल्द ही एकर घोषणा कइल जाई । समय के हिसाब से बदलाव जरूरी बा । इ फैसले से महिलाओं के कुश्ती के क्षेत्र में आगे आवे के मौका मिली । इ अच्छा फैसला ह, लड़कियों के हित में बा ।

तुलसी अखाड़ा भगवान हनुमान के समर्पित ह । इ अखाड़ा के खास बात इ ह कि एकर संचालन संकट मोचन मंदिर ट्रस्ट करेला । जहां लड़कियन के प्रवेश वर्जित बा उहवां  इ मंदिर के महंत से लड़कियन के कुश्ती करे के अनुमति मिलल  बहुत बड़ बात ह ।

आप सबे के बता दी कि  20 साल के नंदनी सरकार कुश्ती में स्नातक कर रहल बाड़ी । अखाड़ा में लड़कियन के प्रवेश खातीर महंत के दस सालों से मनावल  जात रहे । महंत के अनुमति के बाद इ साल 15 अगस्त के नागपंचमी के दिन लड़कियन के अखाड़ा में उतरे के मौका मिलल रहे ।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here