भोजपुरी फिल्मे अवार्ड 2017

0
1329
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरी फिल्मो के जुबली स्टार दिनेश लाल यादव उर्फ निरहुआ अउर लकी अदाकारा आम्रपाली दुबे के एक बार फिर से बेस्ट एक्टर व बेस्ट एक्ट्रेस के अवार्ड से नवाजल गइल बा। मुम्बई के मलाड में आयोजित 12 वें भोजपुरी फ़िल्म अवार्ड में निरहुआ के उनकर फिल्म राम लखन के खातीर बेस्ट एक्टर के अवार्ड दिहल गईल।

अब बात कइल जाव एक्ट्रेस के त आम्रपाली दुबे  के नाम आइल। आम्रपाली दुबे प्रियंका चोपड़ा के प्रोडक्शन में बनल पहीला फ़िल्म बम बम बोल रहा है काशी खातीर बेस्ट एक्ट्रेस के खिताब मिलल।

Bhojpuri Filmfare Award 2017अवार्ड समारोह में निरहुआ के होम प्रोडक्शन से बनल फ़िल्म राम लखन सोशल ईशु प अधारित बेस्ट फ़िल्म के अवार्ड मिलल। निर्माता प्रवेश लाल यादव इ अवार्ड के ग्रहण कइलन। हाल ही में आयोजित सबरंग फ़िल्म अवार्ड में निरहुआ अउर आम्रपाली दुबे के बेस्ट जोड़ी एक्टर और एक्ट्रेस के अवार्ड से नवाजा गइल।

12 वे भोजपुरी फ़िल्म अवार्ड में निर्माता राहुल कपूर के फ़िल्म होगी प्यार की जीत के बेस्ट फ़िल्म, अउर एही फिल्म के निर्देशक इश्तियाक शेख बंटी के बेस्ट डायरेक्टर के अवार्ड दिहल गइल। प्रियंका चोपड़ा के फ़िल्म बम बम बोल रहा है काशी खातीर आम्रपाली दुबे के बेस्ट एक्ट्रेस के अवार्ड मिलल वही नवोदित एक्ट्रेस खातीर अंतरा बनर्जी के अउर कहानी खातीर संतोष मिश्रा के अवार्ड दिहल गइल।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here