आज के दिन बहुते बा खास, जब देवता मनावले दिवाली

0
2059
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

गंगा के किनारे अर्धचंद्राकार घाट प झिलमिलात असंख्य दिया, आकर्षक आतिशबाजी, घंटा-शंख के गूंज अउर आस्था-विश्वास से लबरेज देव-दीपावली काशी के सबसे खास दीपावली ह।

ऋतुअन में श्रेष्ठ शरद ऋतु, मासन में श्रेष्ठ कार्तिक मास, अउर तिथियन में श्रेष्ठ पूर्णमासी के शंकर के नगरी काशी के गंगा घाट पर दीपक कुछ अइसन सजेला जइसे माना गंगा के राही देवन के टोली आ रहल बा.. अउर उनके स्वागत खातीर 84 घाटन पर दिया जगमगा रहल बा।

Ghat

मान्‍यता बा कि एह तिथि के भगवान भोलेनाथ त्रिपुर नाव के दैत्य के वध कइले रहल अउर आपन हाथ से बसावल काशी के अहंकारी राजा दिवोदास के अहंकार के नष्ट कइले रहल। राक्षस के मरला के बाद देवता लोग स्वर्ग से लेके काशी तक दिया जलाके खुशी मनवले रहन… तबे से काशी घाट पर दिप जलाके इ पर्व के देव-दीपावली के रूप में मनावल जाला।

इ परंपरा के आज भी निभावल जाला। कह जाला कि एह माह में स्नान, दान, होम, योग, उपासना आदि कइला से अनंत फल मिलेला।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here