भोजपुरिया हीरो के अजब प्रेम के गजब कहानी

0
1473
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरिया हिरो के अजब प्रेम के गजब कहानी बा। इ आपन रील लाइफ में पर्दा प नायिकाओं संगे त भरपूर रोमांस करत दिखेलन.. बाकी ओहिजे इनकर रियल लाइफ में नजारा बिलकुल हटके बा। अब बात चाहे पवन सिंह के होखे, या दिनेश लाल यादव निरहुआ के, आ चाहे मनोज तिवारी के। रील लाइफ में लव के लेके एहन लोग जेतना सक्सेस बटोरले बाड़न, रीयल लाईफ में ओतने इनकर लव टफ नजर आवेला।

Azab Prem Ki Ghazb Story of Bhojpuri Herosसुपरस्टार पवन सिंह के अईसन गजब प्रेम के बात कइल जाओ त इ बहुत कम लोग के पता होयी कि पवन सिंह के पहिला शादी 2012 में रीना से भइल रहे। अउर शादी के 4 महीना, बाद ही दुनों में तलाक हो गईल। पवन सिंह के दुसरा शादी 2014 में नीलम सिंह से भईल। बाकी इहां भी पवन सिंह आपन प्यार के ग्रहण लागे से बचा ना पवलन। इ शादी भी महज 4 महीना ही टीक पाइल। नीलम सिंह सुसाइड क लेली। कहल जाला कि मुम्बई के चमक-धमक अउर पवन सिंह के फिल्मी दुनिया  से जुड़ल चकाचौंध के उ ना समझ पवली। अब कारण चाहे जवन भी हो बाकी उनका आपन रीयल लव लाईफ में सक्सेस ना मिलल।

Azab Prem Ki Ghazb Story of Bhojpuri Herosइ कड़ी में दुसर नाम मनोज तिवारी के बा। आपन आवाज से भोजपुरी जगत प जादू करे वाला मनोज तिवारी भी आपन वैवाहीक जीवन में उ मीठास ना घोल पाइलन। मनोज तीवारी के रानी तिवारी से सन् 1999वें में विवाह भईल रहे। मनोज तिवारी के कहनाम बा कि उनकर पत्नी  बहुत शक्की मीज़ाज के रही अउर उनकर शक एह कदर बढ़ गइल रहे कि 2012 में दुनों के तलाक हो गईल।

Azab Prem Ki Ghazb Story of Bhojpuri Herosअब रियल लाइफ के इ अनसक्सेस फूल लव स्टोरी के आगे बढ़ावल जाओ त फिल्म इंडस्ट्री में आवे से पहिलहीं दिनेश लाल यादव उर्फ निरहुआ के 2001 में शादी हो चुकल रहे। उनकर पत्नी बहुते साधारण अउर घरेलू महीला बाड़ी। बाकी अइसन देखल गइल बा कि निरहुआ आपन रीयल लव लाईफ के जिक्र ना कइल चाहेलन। भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में अक्सर उनकर नाम कबो पाखी त कबो आम्रपाली के संगे आवेला। माने कि इनकर रियल लाइफ के लव भी अजबे प्रेम के गजबे कहानी बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here