भिखारी पाकिस्तान अब पइसा खातिर नाच करावे लागल

0
440
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

आर्थिक संकट से जूझ रहल पाकिस्तान के एक बार फिर आपन एक हरकत के कारण दुनिया के सामने जिल्लत झेले के पड़ रहल बा। आर्थिक तंगी झेल रहल पाकिस्तान, विदेशी निवेश लाए खातिर हर जुगत लगा रहल बा। विदेशी कारोबारियों के आकर्षित करे क कोशिश में लगल पाकिस्तान अब ओछी हरकत करे लागल बा। दरअसल, विदेशी निवेशकों के लुभावे के खातिर पाकिस्तान आपन कार्यक्रम में बेली डांस के प्रोग्राम रखले रहले।

पाकिस्तान के सरहद चैंबर ऑफ कॉमर्स एंड इंडस्ट्री पेशावर जरबैजान की राजधानी बाकू में निवेश कॉन्फ्रेंस खातिर आयोजन कइले रहले। एह प्रोग्राम के मकसद पाकिस्तान के खैबर पख्तूनखवा में विदेशी निवेश के बढ़ावे के रहल। पाकिस्तान चाहेला की खैबर पख्तूनखवा में विदेशी निवेश के बढ़ावा मिले, जेसे की ओकरे आर्थिक स्थिति में सुधार आ सके। कार्यक्रम के शुरुआत में उहां मौजूद निवेशकों के पाकिस्तान के खैबर पख्तूनखवा में मौजूद निवेश की संभावनाओं के जानकारी दे देवल गईल। एकरा बाद जब रंगारंग कार्यक्रम की शुरुआत भईल त उहां मौजूद हर कोई हैरान रह गयल। कार्यक्रम के दौरान कई बेली डांसर्स स्टेज पर अइली आउर डांस शुरू कर देहली।

बेली डांसर्स के इ वीडियो, सोशल मीडिया पर काफी वायरल होत बा। एह वीडियो में दू बेली डांसर स्टेज पर डांस करत नजर आ रहल बाली। सोशल मीडिया में ए वीडियो के आवे के बाद इमरान खान आउर उनकर सरकार के काफी आलोचना होत बा। ट्विटर पर लोग पूछलन कि का इहे नया पाकिस्तान बा? एक यूजर ओकरा बाद लिखले है कि भारत जइसन देश चांद पर आपन यान भेजत बा आउर पाकिस्तान निवेशकों के लुभावे के खातिर बेली डांस करवा रहल बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here