साला…मैं तो साहब बन गया

0
537
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरी उद्योग में कुछ वृद्धि से भोजपुरी अभिनेता के लोकप्रियता में भी वृद्धि भईल बा। भोजपुरी सिनेमा के लोकप्रियता समय के संगे बहुत ऊंचाई पर पहुंच गईल बा। भोजपुरी भाषा पूरे उत्तर भारत में मुख्य रूप से बिहार, झारखंड के साथ उत्तर प्रदेश में बोलल जाला। भोजपुरी सिनेमा में कई अभिनेता-अभिनेत्री गायक के रूप में आपन करियर के शुरूआत कईले,  बाकी बाद में फिल्म में अभिनय कइला के बाद उनका प्रसिद्धि मिलल।

आज बात होई कुछ प्रसिद्ध भोजपुरी सितार के जे हिट होखे से पहिले कुछ आउर रहले आ हिट होखला के बाद पूरा तरह से उनके लुक में बदलाव आ गईल। अपना भेष भूसा से लोग के लुभाए वाला स्टार जब आपन लुक बदलले त का भईल।

मनोज तिवारी

पहले बात करतानी भोजपुरी के स्टार मजोज तिवारी “मृदुल” के जे ऊपर वाली के चक्कर में लईका के पिटवा देहले आउर चट देना पिटा गईले, फेर आज दिल्ली में बीजेपी के अगुआ बन बईठल बाड़े. मनोज तिवारी के जन्म 1 फरवरी 1971 में भईल। एगो भारतीय राजनीतिज्ञ, गायक औउर अभिनेता हउवन जे फ़िलहाल पूर्वी दिल्ली से संसद सदस्य के रूप में कार्यरत बाड़े। भोजपुरी में कई हिट गाना अउरी फिल्म देवे के बाद अब मनोज राजनीति में बाड़े। मनोज हिट शो बिग बॉस के प्रतियोगी भी रह चुकल बाड़े।

पवन सिंह 

पवन सिंह भारतीय भोजपुरी भाषा के पार्श्व गायक आउर फिल्म अभिनेता हउवन। उनके जन्म बिहार के आरा (जोकरी गावं) में भईल बा। उ देवरा बड़ा सतावेला, भोजपुरिया राजा जईसन प्रमुख भोजपुरी फिल्म में अभिनय किईले बाड़े. 2008 में पवन सिंह के ललीपोप लगेलु (शीर्षक गीत) के जबरदस्त प्रदर्शन रहे। पवन सिंह के पहचान “ललीपोप लगेलु”(शीर्षक गीत) से अंतरास्तरीय स्तर पर भईल. ई गीत आज भी हर भाषा के लोग के झुमें पर मजबूर कर देला। पवन 2007 के फिल्म रंगली चुनारिया तोहरे नाम में आपन पहिला मुख्य भूमिका निभईले। पवन सिंह पढ़ल लिखल नहि बाडन। पर संगीत के मामले में केहू से कम नाही बडान. पवन भोजपुरी के सबसे महगा कलाकार हो गईल बाडन आउर अब पवन के ड्रेसिंग अउरी लुक भी बदल रहल बा।

खेसारी लाल यादव

खेसारी लाल यादव (शत्रुघन यादव) के जन्म रसूलपुर चट्टी, छपरा ,जिला (बिहार) में भईल बा। खेसारी भारत के प्रसिद्ध भोजपुरी गायक आउर कलाकार हउवन। खेसारी के पहला सफलता अपना भोजपुरी संस्करणों ‘माल भेटाई मेला’ से मिलल। 2012 में आईल अपने पहला फिल्म ‘साजन चले ससुराल’ से उ रातो रात भोजपुरी फिल्म जगत के सितारा बन गईले। अपना गायकी में उ अपने ठेठ देहाती भाषा के उपयोग करेले। प्रारम्भ से ही खेसारी लाल लोक गायक आउर साथ ही साथ एक अच्छा नृतक भी हउवन। शुरुआत में उनके बहुत मुश्किल के सामना करे के पड़ल, भोजपुरी गायक बने के खातिर पैसा के होईल बहुत जरुरी रहे। पईसा के इकट्ठा करे खातिर उनका लिट्टी चोखा बेचे के पड़ल आउरी आपन फ़ोर्स के नौकरी छोड़े दिहलें।

निरहुआ

दिनेश लाल यादव के भोजपुरी इंडस्ट्री में निरहुआ के नाम से जानल जाला। उ भोजपुरी सिनेमा के सबसे सफल अभिनेता में से एगो हवें। निरहुआ आपन भोजपुरी करियर के शुरुआत फिल्म ‘चलत मुसाफिर मोह लिओ रे’ से कईले आउर 2014 में फिल्म ‘निरहुआ हिंदुस्तानी’ से बहुते लोकप्रिय हो गईलें। दिनेश 2015 में बॉक्स ऑफिस पर पाँच गो हिट फिल्म देले के रिकॉर्ड बनवलें। उनका में गायन प्रतिभा भी बा आउर उ कईगो भोजपुरी गीत गवले बाड़े। 2012 में, उ भोजपुरी फिल्म गंगा देवी ’में अमिताभ बच्चन के साथे अभिनय कईलन।

रवि किशन

‘देवरा बडा सतावेला’ एगो हिट भोजपुरी फिल्म हवे जवन 2010 में आईल रहे, जवना में रवि किशन, पाखी हेकड़े, प्रदीप पांडे, मोनालिसा आउर पवन सिंह मुख्य भूमिका निभवले रहलन। पांडे द्वारा निर्देशित आउर दिलीप जायसवाल द्वारा निर्मित एगो एक्शन-ड्रामा फिल्म रहल। अपना संघर्ष के दिन में, उ राम-लीला में सीता के भूमिका निभवले बाडे। उ फिल्म ‘स्पाइडर मैन’ में पीटर पार्कर्स के आवाज के भोजपुरी संस्करण के डब कईलन।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here