‘भाग खेसारी भाग’ के पहिला पोस्टर भइल रिलीज

0
672
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

फिल्म निर्देशक प्रेमांशु सिंह के निर्देशन में बनल भोजपुरी फिल्म के सुपरस्टार खेसारीलाल यादव आउर फिल्म निर्माता ’उमाशंकर प्रसाद’ के होम प्रोडक्शन ’जेपी स्टार पिक्चर्स’ के पहिला भोजपुरी फिल्म ’भाग खेसारी भाग’ के फर्स्ट लुक रिलीज कर दिहल गईल बा| फिल्म के फर्स्ट लुक काफी वायरल हो रहल बा| इ फिल्म के ऑडियो, वीडियो, सैटेलाइट्स राईट्स एंटर10 म्यूजिक कंपनी ले लेले बा| भोजपुरी सिनेमा में यूनिक कहानी पर बनल इ फिल्म प्रदर्शन खातिर तैयार बा| भव्य पैमाना पर निर्मित कइल इ फिल्म के नया विषय दर्शक के खूब मनोरंजन करे वाला बा| फिल्म के पोस्टर खेसारीलाल यादव के चेहरा नहीं देखावल गइल बा, बल्कि उ भागत दिखाई देत बाड़न|

khesariउमाशंकर के पहिला भोजपुरी फिल्म

कहल जाला कि बदलाव कोई नया आदमी ही करेला त ओइसेही ही भोजपुरी में पहिला फिल्म बनवले बाड़न फिल्म निर्माता उमाशंकर प्रसाद| जेपी स्टार पिक्चर के बैनर में बनल उ फिल्म ‘भाग खेसारी भाग’ के निर्माण करेके एगो कोशिश कइले बाड़न, जे कि साफतौर पर फिल्म के पहिला पोस्टर से पता चल रहल बा|इ फिल्म कुछ न कुछ जरूर नया कॉन्सेप्ट आउर नया प्रयोग के साथ बनावल गईल बा| इ फिल्म में एक साथ खेसारी लाल यादव, स्मृति सिन्हा आउर निर्देशक प्रेमांशु सिंह के सुपरहिट रहल तिकड़ी एक बार फेर इतिहास रचे वाला बा| इ फिल्म से निर्माता उमाशंकर प्रसाद, निर्देशक, नायक, नायिका सहित पूरा टीम के नया इतिहास रचे के काफी उम्मीद बा| खेसारीलाल आउर स्मृति के सुपर हिट जोड़ी फेर से बहुत दिन के बाद इ फिल्म से रिपीट हो रहल बा|

khesari-smritiबता दिहीं कि फिल्म ‘भाग खेसारी भाग’ के निर्माता उमाशंकर प्रसाद बाड़न, उनकर इ पहिला भोजपुरी फिल्म बा|उ  आपन प्रोडक्शन हाउस जे पी स्टार पिक्चर के बैनर से आगे भी कई बेहतरीन फिल्म के निर्माण करत रहिहें| फिल्म के निर्देशक प्रेमांशु सिंह बाड़न| एसोसिएट प्रोड्यूसर आयुष राज गुप्ता बाड़न| फिल्म के लेखक मनोज कुशवाहा बाड़न आउर संगीतकार ओम झा बाड़न| फिल्म के छायांकन सरफराज खान, नृत्य राम देवन, रिक्की गुप्ता, मारधाड़ हीरालाल यादव, कला शेरा के बा| प्रोडक्शन कंट्रोलर मोतीराम व प्रोडक्शन मैनेजर राजन पांडेय बाड़न आउर फिल्म प्रचारक रंजन सिन्हा व रामचन्द्र यादव बाड़न| मुख्य भूमिका में खेसारीलाल यादव, स्मृति सिन्हा, अमित शुक्ला, अयाज खान, संजय वर्मा, अर्जुन यादव, राहुल शाहू, प्रीतम कुमार, अविनाश मधुकर, अमित सिंह, सत्य प्रकाश सिंह आदि बाड़न|

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here