गोविंदा भी ना बच पइलें भोजपुरी सिनेमा के प्यार से

0
1082
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

हरफनमौला एक्टर अउर बालीवुड के सुपरस्टार गोविंदा जल्द ही भोजपुरी सिनेमा में आपन जलवा बिखेरे वाला बाड़न। गोविन्दा भोजपुरी फिल्म “हल्फा मचाके गइल” में भोजपुरिया अंदाज में खास डांस करत नजर अइहें।

Govinda also does not escape films with the love of Bhojpuri cinemaएह फिल्म के मुहूर्त संभावना सेठ के डांस के साथ शुरु भईल, जहवां गोविंदा खास मेहमान के रुप में उपस्थित रहलें। इ मुहूर्त मुंबई के मड आईलैंड के नंदनवन में रहे। मुहूर्त प हरफनमौला गोविंदा बहुत  खुश नजर आवत रहें। गोविंदा के सेट पे पहुंचला प पूरा टीम उनकर जोरदार स्वागत कइलस। आप सबे के बता दी कि गोविंदा एह फिल्म में सिर्फ एगो आइटम नंबर में संभावना संगे दिखायी दिहें।

Govinda also does not escape films with the love of Bhojpuri cinema‘हल्फा मचाके गइल’ के निर्माण रमेश नैय्यर, पवन कुमार अउर हरीश कुमार कर रहल बड़न जबकि म्यूजिक घुंघरू के ह। फिल्म के डायरेक्टर प्रेमांशु बाड़न। गोविंदा अउर संभावना सेठ के अलावा एह फिल्म में भोजपुरी एक्टर राघव नैय्यर भी दिखायी दिहे, जबकि उनकर अपोजिट शिप्रागौर बाड़ी। फिल्म मई 2018 में रिलीज होयी।

गोविंदा के लेके त इ जग जाहिर बा कि उ जवन सिनेमा में होइहें ओह सिनेमा में संगीत अउर नृत्य के बोलबाला होयी। फिल्म “हल्फा मचाके गइल” में भी गोविंदा आपन अंदाज में डांस अउर कॉमेडी के तड़का लगावत नजर अइहें।  माना जा रहल बा कि इ फिल्म से भोजपुरी सिनेमा के सैनैरियों बदली।

फिल्म के यूनिट अब गुजरात के हल्लोल खातीर रवाना हो गईल बा, जहवां इ शूटिंग के अंजाम दिहल जायी।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here