बॉलीवुड के खिलाड़ी अक्षय करत रहलें होटल में काम, जन्मदिन पर फैंस के अक्षय दिहले तौफा

0
416
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

बॉलीवुड के खिलाडी अक्षय कुमार के आज जन्मदिन बाटे। आज अक्षय 52 साल के हो गइले। अक्षय कुमार के असली नाम राजीव हरिओम भाटिया ह। अक्षय कुमार के नाम कई मशहूर अभिनेत्रीयन के साथे जुड़ चुकल बा जईसे मशहूर मॉडल पूजा बत्रा, एवरग्रीन हिरोइन रेखा, रवीना टंडन, शिल्पा शेट्टी। फेर बाद में अक्षय के शादी ट्विंकल खन्ना से हो गईल। अपना जन्मदिन के मौका पर अक्षय अपना फैंस खातिर एगो उपहार ले के आईल बाड़े। जन्मदिन के मौका पर अक्षय आवेवाला अपन फिल्म “पृथ्वीराज” के मोशन पोस्टर के रिलीज के तारीख बतईले। अक्षय इ भी बतईले की एह फिल्म में अक्षय लीड रोल मने पृथ्वीराज के अवतार में नजर अईहे। इ फिल्म 2020 के दिवाली पर रिलीज़ होई। शुरू से अक्षय दर्शकों के दिल पे राज कइले आ हमेशा सुर्ख़ियों मे रहलें। अक्षय कुमार(खिलाड़ी) टॉप बॉलीवुड स्टार्स में एक बाड़े। बात चाहें दौलत के हो सोहरत के हो या फैन फॉलोइंग के अक्षय हमेशा ऊचाई पर रहेले।

बॉलीवुड में आवे से पाहिले अक्षय थाइलैंड में एगो होटल में भी काम कर चुकल बाड़े। साल 1991 में फिल्म सौगंध से अपना करियर के शुरुवात करे वाला अक्षय मेहनत कर आज बॉलीवुड के स्टार बनल बाड़े। हाल में ही अक्षय सबसे अधिक कमाई वाला अउर फोर्ब्स के लिस्ट में चौथा नंबर हासिल करे वाला स्टार बनले। इ त दुनिया के लिस्ट रहे बात अगर खाली भारत के कइल जाओ त खिलाडी बॉलीवुड के सबसे अधिक कमाई वाला स्टार बाड़े।

फोर्ब्स के जारी आकड़ा के मुताबिक 2018 से 2019 के बीच अक्षय कुमार के कुल कमाई 69 मिलियन डॉलर बा। साथ ही इनकर नेटवर्थ 150 मिलियन डॉलर बा। इनकरा पास बेंट्ले, रेंज रोवर, पोर्श, मर्सिडीज जइसन कई कीमती गाड़ी के कलेक्शन बा अउरी इनकर आपन खुद के जेट बा। गाड़ी के शौख अउरी फिल्मों के अलावा इ अपना फिटनेस के वजह से भी लोगों के चहेता बाड़े। अक्षय शराब और सिगरेट के लत दूर रहेले आ कराटे में एक्सपर्ट बाड़े। अक्षय एगो अच्छा समाजसेवी भी हउवे आ देश खातिर भी हमेशा आगे रहेले।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here