रितिक के जन्मदिन पर पत्नी देहली खास मैसेज

0
1287
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

नीली आंख, खास डांस स्‍टाइल अउर बॉलीवुड के पहिला सुपर हिरो कृष के आज 44वां जन्मदिन ह। साल 2000 में सुपरहिट फिल्म ‘कहो ना प्यार है’ से बॉलीवुड में धमाकेदार डेब्यू करेवाला रितिक रौशन, इ फिल्म से रातोंरात सुपर स्टार बन गइल रहन।

शुरुआती सक्सेस के बाद रितिक के रिल लाइफ अउर रियल लाइफ मे बहुत उतार-चढ़ाव आईल। रिल लाईफ में जहां उनकर फिल्म ‘फिजा’, ‘यादें’, ‘आप मुझे अच्छे लगने लगे’, ‘ बॉक्स ऑफिस प औंधे मुंह गिरल त ओहिजे रियल लाइफ में सुजैन से उनकर दूरी उनका के झकझोर के रख दिहलस।

बाकि उ एक बार फिर आपन पिता राकेश रोशन के साथे सिल्वर स्क्रीन प वापसी कईलें अउर ‘कोई मिल गया’ फिल्म से आपन करियर के तस्वीर बदल दिहलन। ओकरा बाद रितिक बैक टू बैक हिट फिल्म दिहलन। जवना में  ‘धूम-2’, ‘अग्निपथ’, ‘जिंदगी ना मिलेगी दोबारा’ अउर सुपरहिट फिल्म ‘बैंग-बैंग’ शामिल बा।

बॉलीवुड में आज बेस्ट एक्टर में शुमार रितिक रोशन आपन खास डांसिंग स्टाइल खातीर फेमस बाड़न। रितिक के डांस अउर गाना के इ कुछ अइसनें झलक बा, जवना के देख के उनकर फैंस लोग के होश उड़ जाला।

Hrithik Roshan1- इक पल का जीना

फिल्म- कहो ना प्यार है

2- धूम मचा ले

फिल्म-धूम-2

3-मैं ऐसा क्यूं हूं

फिल्म- लक्ष्य

4-इट्स मैजिक, इट्स मैजिक

फिल्म- कोई मिल गया
5-यू आर माई सोनिया

फिल्म- कभी खुशी, कभी गम

6- तू मेरी

फिल्म- बैंग-बैंग

7- दिल तू ही बता

फिल्म- कृष-3

8- हवाओं ने ये कहा

फिल्म- आप मुझे अच्छे लगने लगे

9- सेनोरीटा

फिल्म- जिंदगी ना मिलेगी दोबारा

10- फायर

फिल्म- काइट

रितिक के एक्स पत्नी सुजैन खान भी इंस्टाग्राम  प उनका जन्मदिन के बधाई देले बाड़ी। तलाक भईला के बावजूद रितिक-सुजैन के कैमिस्ट्री कमाल के बा। आज ऋतिक के जन्मदिन प सुजैन ट्वीट कइली कि – “तु हमेशा.. हमेशा हमार जिंदगी के रोशनी बनल रहब। जन्मदिन मुबारकएकरा साध ही गहना टीम के ओर से भी ऋतिक रौशन के ढेरों बधाईयां…

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here