कार्तिक आर्यन के भोजपुरिया अंदाज

0
652
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

कार्तिक आर्यन (Kartik Aryan) के फिल्म ‘पति पत्नी और वो’  के दर्शक काफी पसंद करत बाड़ें। फिल्म अबहिन ले बॉक्स ऑफिस पर 59.02 करोड़ के कमाई कर लेले बा।बॉक्स ऑफिस पर कार्तिक आर्यन, भूमि पेडनेकर आउर अनन्या पांडे के फिल्म ‘पति पत्नी और वो’ धमाल मचा रहल बा। फिल्म में तीनों के कलाकरी के काफी पसंद कईल जा रहल बा। साथ ही फिल्म के गाना ‘धीमे-धीमे’ लोग के खूब पसंद आ रहल बा। लेकिन अगर आप भोजपुरी गाना के शौकीन बानी आउर मनोज तिवारी के गाना के पसंद करेनी त ई खबर आप खातीर बा। कार्तिक आर्यन एगो भोजपुरी वीडियो में दिखाई देत बाड़े। मनोज तिवारी के गावल गीत ‘रिंकिया के पापा’ पर ऊ खुब झूम रहल बाड़े। ई वीडियो सोशल मीडिया पर खूब पसंद कईल जाता।

ट्विटर से
ट्विटर से

दरअसल, कार्तिक आर्यन अपना इंस्टाग्राम पेज पर मनोज तिवारी के एगो भोजपुरी गाना शेयर कईले बाड़ें। कार्तिक एह गाना के एडिटेड भोजपुरी वीडियो सोशल मीडिया अकाउंट पर शेयर कईले बाड़ें। एह वीडियो के देखके आप खुद के हंस के लोट-पोट होखला से नाही रोक पाईब। कार्तिक आर्यन वीडियो के इंस्टाग्राम पर शेयर कके कैप्शन में लिखलें, ‘चिंटू त्यागी हीं हीं हीं पर कंट्रोल नहीं रख पा रहे हैं। वीडियो में भोजपुरी के फेमस सॉन्ग ‘रिंकिया के पापा’ आउर फिल्म के कुछ शॉट्स के जोड़ दिहल गईल बा। वीडियो में ऊ ‘रिंकिया के पापा’ गाना सुनके ‘हीं हीं’ कके हंस रहल बाड़े।

वीडियो में भोजपुरी स्टार आउर बीजेपी नेता मनोज तिवारी ‘रिंकिया के पापा’ गाना गावत दिख रहल बाडे । गाना के लिरिक्स के कार्तिक आर्यन के कुछ शॉट्स के साथ जोड़ल गईल बा, जवन काफी फनी लागता। एह वीडियो के कार्तिक के फैंस काफी पसंद कर ताने। एह वीडियो के अबहिनले 14 लाख से ज्यादा लोग देख चुकल बा। वीडियो पर फैंस कमेंट कके विडियो के मजेदार बताव ताने।

आपके बता दीं कि फिल्म ‘पति पत्नी और वो’ के दर्शक से काफी अच्छा रिस्पोंस मिल रहल बा। फिल्म अबहिनले बॉक्स ऑफिस पर 59.02 करोड़ के कमाई कर लेले बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here