लुक के मामले में अक्षय आउरी सल्लू के पीछे छोड़ले खेसू डार्लिंग

0
767
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

सलमान खान के शो ‘बिग बॉस 13’ में अरहान खान के बाहर होते अधिकतर नयका कंटेस्टेंट लुक बदल के नजर आ रहल बाड़े। भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार खेसारी लाल यादव त अपना नया लुक में काफी हॉट दिखत बाड़े। घर के सदस्य भी मिलके खेसारी के मौज लेवे में कवनो कसर ना रहे देले। सब लड़की त इह कदर खेसारी लाल के पीछे पड़ली लोग की उनके बिहार में मौजूद अपना पत्नी के डर सतावे लागल आउर आखिरकार खेसारी घर के सब लड़की लोग के आपन बहिन कहे पर मजबूर हो गईले। दरअसल कलर्स टीवी ‘बिग बॉस 13’ से जुड़ल एगो प्रोमो जारी कईले बा। एह प्रोमो में खेसारी लाल आपन बाल छोट करवा लिहले बाड़े आउर दाढ़ी भी काफी स्टाइलिश कर लेले बाड़े। उनके ई लुक पर बिग बॉस के घर में मौजूद सब कंटेस्टेंट्स उनका से मजा लेवे लागत बा लोग। ईहा तक कि हिमांशी खुराना त उनके साथे फ्लर्ट करल शुरू कर दे रहल बाड़ी, जेकरा बाद खेसारी लाल घबराये लागत बाड़े। सभी कंटेस्टेंट्स उनके नाम खेसारी से बदलकर कैश कर देत बाड़े। प्रोमो में खेसारी लाल अपने मेकओवर पर बात करत कह रहल बाड़े कि इस लुक में हम चिरकुट के तरह दिख रहल बानी।

 

एकरा बाद हिमांशी खुराना आके उनसे फ्लर्ट करे लागत बाड़ी आउर उनके तारीफ करत बाड़ी। ऐतने में खेसारी लाल बोल देत बाड़े कि अगर हम शादीशुदा ना होईती, आप तब हमार तारीफ करतीं। हिमांशी के तारीफ पर खेसारी बोलत बाड़े की रउवा लोग के हमार मेहरारू (पत्नी) के बारे में नईखे  पता, उ बहुत टाइट दिमाग के हाई।

खेसारी लाल यादव
खेसारी लाल यादव

एके बाद सिद्धार्थ शुक्ला, हिंदुस्तानी भाऊ आउर हिमांशी शर्मा सहित कई कंटेस्टेंट्स खेसारी लाल यादव से मजा लेवे लागत बाड़े अउरी खेसारी कैमरे के सामने आपन पत्नी के सफाई देत दिख रहल बाड़े। गौरतलब बा कि ‘बिग बॉस 13’ के एह बार के वीकेंड के वॉर एपिसोड में अरहान खान घर से बेघर हो चुकल बाड़े। त उहे बीते कुछ दिन से देवोलीना आउर सिद्धार्थ एक दूसरे से  फ्लर्ट कर रहल रहले। कलर्स टीवी अपने इंस्टाग्राम पर प्रोमो वीडियो शेयर करले बा जेमें उ चोरी के टास्क दिहले बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here