खेसारी के जिंदगी से जुड़ल एगो ख़ास राज, सुन के रह जाईब हैरान

0
831
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरी फिल्म के मशहूर अभिनेता अउर गायक खेसारी लाल यादव कौनो परिचय के मोहताज ना बाड़न। उनकर असली नाम शत्रुघन यादव बा अउर उनकर जन्म 6 मार्च,1986 बिहार के सिवान में भईल। खेसारी लाल यादव के सुपरस्टार बने के सफर काफी मुश्किल भरल रहल बा , आपन घर परिवार चलावे के खातिर उ लिट्टी चोखा तक बेचलन। आपन अभिनय के शुरुआत में उ नाच अउर आर्केस्ट्रा में भी कईलन। उ एगो अईसन राज भी बतवलन जे अब तक सबसे छिपल रहल ।

khesariहाले में खेसारी लाल से जुड़ल एगो अउर खबर सामने आ रहल बा। अब रऊआ लोगन खेसारी लाल के लंदन के सड़क पर लिट्टी चोखा बेचत देखब। इ एगो फिल्म या गाना के सीन होई जेकरा में उ अइसन करत नजर अइहें। इनकरा साथ काजल राघवानी भी होंइहें। सिर्फ इतने ना मधु शर्मा भी खेसारी संगे दिखाई दीहें। एगो बड़ा बजट के इ फिल्म के कुछ सीन लंदन में शूट होई, जहवां खेसारी लिट्टी चोखा बेचत नजर अईहें। फिलहाल, फिल्म के कहानी पर काम चल रहल बा, अउर एकर डायरेक्शन रजनीश मिश्रा करीहें। फिल्म के टाइटल अबतक फाइनल नईखे भईल बा।

khesari litti chokhaभोजपुरी सिनेमा में आपन जादू बिखेरे से पहिले खेसारी लाल लिट्टी चोखा बेचत रहलन, त कहीं ना कहीं खेसारी एकरा से खुद के रिलेट कर पइहें। आपके बता दीहीं की दिल्ली में काम करत खानी उनकर शादी हो गईल रहल। एकरा बाद लिट्टी के दुकान पर उनकरा काम में पत्नी भी मदद करत रहली। उ बतवलन कि इ दौरान उ सरकारी नौकरी के तैयारी में भी कईले रहलन। करीब ढाई साल के बाद खेसारी के चयन बीएसएफ में हो गईल। लेकिन उनकर मन नौकरी में ना लगल अउर नौकरी छोड़ उ दोबारा दिल्ली पहुंच गईलन। इहां काम करके कुछ पईसा बचाके अउर फेर आपन भोजपुरी एलबम निकाललन। खेसारी के पहिल सफलता आपन भोजपुरी एल्बम माल भेटाई मेलासे मिलल।

khesari lal yadavखेसारी लाल यादव के पहिल भोजपुरी फिल्म साजन चले ससुराल 2012 में आईल अउर इ फिल्म खेसारी के रातों रात सफलता के नया शिखर पर पहुंचा दिहलस। खेसारी भोजपुरी फिल्म अउर एल्बम के अलावा स्टेज शो भी करेलन। उनकरे स्टेज शो में बड़ा संख्या में दर्शक रहेलन , खास कर के बिहार अउर झारखण्ड में। अईसन सुनने में आवेला की खेसारी ईहां एगो शो खातिर करीब 10 लाख रुपया तक लेवलन।

khesari on stageआज खेसारी लाल यादव भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के एगो चमकता हुआ सितारा बाड़न आउर हर साल उनकर फिल्मे सबसे ज्यादा हिट होला। उनकरे भोजपुरी एल्बम के भी दर्शक अउर श्रोता हाथो हाथ लेवलन। खेसारी के भोजपुरी एल्बम होली पे, सावन पे, दशहरा के अवसरों पर जरूर निकलेला। बिहार अउर झारखण्ड के आर्केस्टा अउर डीजे में खेसारी के गाना के काफी धूम होला।

खेसारी लाल यादव भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के सुपर स्टार बाड़न, परदा पर खेसारी आउर काजल राघवानी के केमेस्ट्री दर्शक के खूब पसंद आवेला अउर दूनों मिलके भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के एक से बढ़ के एक सुपरहिट फिल्म अउर गाना देहले बाड़न।

khesari-lal-yadavखेसारी लाल आपन परिवार से बहुत प्यार करेलन, उनकरे पिता के नाम मंगरू यादव बा। खेसारी के दू बच्चा बा। बेटा के नाम रिशव यादव अउर बेटी के नाम कृति यादव बा। उनकर बेटी उनकरे साथ भोजपुरी फिल्म में भी नज़र आ चुकल बाड़ी। खेसारी 50 से ज्यादा भोजपुरी फिल्म अउर भोजपुरी एल्बम में अभिनय के साथे साथ गाना भी गईले बाड़न।

उ भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के सभे हीरो अउर हेरोइनन के साथे काम कर चुकल बाड़न। अगर हम हीरो के बात करीं त पवन सिंह, दिनेश लाल यादव, अरविन्द अकेला कल्लू अउर बिराज भट के नाम शामिल बा। अउर हेरोइनों में स्मृति सिन्हा, अक्षरा सिंह, आम्रपाली दुबे, मोहिनी घोष अउर काजल राघवानी के नाम शामिल बा।

bhag khesari bhagआपके बता दीहीं की खेसारी के फिल्म भाग खेसारी भागजल्दीए बॉक्स ऑफिस पर दस्तक देवे वाला बा। इ फिल्म खेल पर आधारित बा अउर खेसारी संगे इ फिल्म में रऊआ स्मृति सिन्हा के भी देखब। जे दू साल के ब्रेक के बाद लौट रहल बाड़ी। 

 

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here