एक बार फेरु गरदा मचावे खातिर आ गईल बा “बाग़ी” खेसारी लाल

0
521
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

खेसारी लाल अउरी काजल राघवानी के आवे वाला फिल्म “बागी” के पहिला लुक आईल सामने। गायक-अभिनेता खेसारी लाल अपना आवे वाला देशभक्ति फिल्म “बागी” एक योद्धा” के पहिला लुक के खुलासा कइले।

खेसारी लाल

खेसारी इंस्टा पर पोस्ट डाल के फिल्म के पहिला लुक के साझा कइले। पोस्टर में खेसारी सेना के कपड़ा पहिनले बाड़े।  सेना के कपड़ा में खेसारी गर्दा लागत बाड़े। दूसरा तरफ काजल भी ओहि पोस्टर में सफ़ेद साड़ी पहिन के दिखत बाड़ी। “बागी एक योधा” शेखर शर्मा अउर जयंत घोष द्वारा निर्मित फिल्म बाटे।

काजल अउरी खेसारी भोजपुरी सिनेमा में सबसे ज्यादा पसंद कइल जाएं वाला ऑन-स्क्रीन जोड़ी हउवे।

फोटो इंस्टाग्राम से

इ जोड़ी ‘कुली नंबर 1’, ‘दबंग सरकार’, ‘संघर्ष’, ‘दुल्हन गंगा पार के’, ‘हम हैं हिंदुस्तानी’, ‘मेहंदी लगा के रखना’, ‘बालम जी लव यू’ जइसन हिट फिल्मन में काम कइले बा। काम के मोर्चे पर इ जोड़ी ‘तेरी मेहरबानियां’ अउर ‘हेराफेरी’ में दिखाई दी।

खेसारी लाल यादव अउर काजल राघवानी के फिल्म ‘बाग़ी-एक योद्धा’ का ट्रेलर यूट्यूब पर रिलीज हो गईल बा। 7 सितंबर के रिलीज होखला के बाद से 2 दिन  के भीतर एकरा 36 लाख से अधिके लोग यूट्यूब पर देख चुकल  बाड़े। बाग़ी में खेसारी लाल यादव अउर कजल राघवानी के संगे रितु सिंह, प्रकाश जैश, माया यादव, विनोद मिश्रा, अयाज़ खान भी बाड़े। ट्रेलर में खेसारी के तेवर दमदार नजर आवत बा। 5 मिनट10 सेकंड के इ ट्रेलर के देख के कहल जा सकता कि ई फिल्म प्यार, इमोशन अउरी ऐक्शन के फुल मसाला के साथ दर्शकन के खूब पसंद आवे वाला बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here