महिला लोगिन के असली ताकत के बारे में बतावे वाली ‘लज्जो’

0
1230
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

नारी सशक्तिकरण प बेस्ट नायक फिल्म के बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्म ‘लज्जो ‘ फरवरी, 2018 में रिलीज होयी। 11 फिल्म के निर्माता राकेश कुमार नायक के कहनाम बा कि सेंसर बोर्ड से सर्टिफिकेशन के बाद इ फिल्म के फरवरी महीना में रिलीज कइल जायी। फिल्म के शूटिंग रायपुर अउर उत्तर प्रदेश के खूबसूरत लोकेशन प भईल बा।

फिल्म में अभिनेत्री नीलू शंकर सिंह बाजोड़ अभिनय कइले बाड़ी। उनकर कहनाम बा की ” हमरा खातीर इ फिल्म बहुत खास बा। निर्देशक मिथिलेश अविनाश हमरा के बहुत सपोर्ट कइले बाड़न।

ओहिजे फिल्म् के निर्देशक मिथिलेश अविनाश बतवलें कि फिल्म लज्जो ‘ भोजपुरी के पहिला अइसन फिल्म होयी, जेकर प्रस्तुततिकरण नारी सशक्तिकरण के विषय प जोरदार तरीके से कइल जा रहल बा। एह फिल्‍म में पांच बेहद खूबसूरत गाना बा। जेकर संगीत अनुज तिवारी अउर सूरज महानंदा के बा। एह फिल्म के सबसे बड़ खाश्यित ह एकर कहानी, जवन बेटी बचाओ, बेटी पढ़ाओं संदेश के आत्मसात कर रहल बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here