क्रिकेट अउर सिनेमा के इश्क वाला लव

0
1209
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

क्रिकेट अउर सिनेमा जगत के गठबंधन के नाता पुराना ह। दुनों ग्लैमर से भरल फिल्ड बा अउर इ ग्लैमरस दुनिया के दुगो लव बर्ड्स के प्यार परवान चढ़ गईल बा। तमाम तरह के अफवाहों के दरकिनार कके आखिरकार दुनों हिम्मत देखा देले बाड़न अउर एकरा खातीर जगह चुनलें वीरता अउर शौर्य खातीर मशहूर देश इटली के। क्रिकेट अउर सिनेमा वाला लव आखिरकार इटली के लग्न मंडप में एक हो गइल।

4 साल से चर्चा में बनल इ जोड़ी आखिकार 11 दिसंम्बर के इटली के टस्कनी में विवाह बंधन में बंध गइल। वेडिंग सेरेमनी सीक्रेट राखल गइल रहे। 11 दिसंम्बर के रात में दुनों  ट्वीट कर आपन शादी के बात कन्फर्म कइलें। ट्वीटर प विराट-अनुष्का लिखलें कि …. आज हमनी के एकदूसरे से जिंदगीभर प्यार के बंधन में बंधल रहे के वादा कइनी ह। इ खबर के आप लोगन के साथ साझा करते हुए हमनी के वाकई खुशी हो रहल बा। इ खूबसूरत दिन हमनी के फैन्स अउर वेलविशर्स के लव अउर सपोर्ट से अउर भी खास बन जायी। हमनी के इ सफर के अहम हिस्सा बनल रहे खातीर बहुत-बहुत शुक्रिया।

Virat and anushkaखबरो के मुताबिक विरुष्का के पहिला वेडिंग रिसेप्शन 21 दिसंबर के दिल्ली में होइ। इ रिसेप्शन विराट अउर अनुष्का के रिश्तेदार लोग खातीर ह। दूसर रिसेप्शन 26 दिसंबर के मुंबई में बा, जवना में बॉलीवुड अउर क्रिकेट वर्ल्ड के लोग शिरकत करिहें।

एकरा साथ ही विराट अनुष्का के प्यार में क्लीन बोल्ड त पहिलहीं हो गईल रहन अब आजीवन कैद खातीर गिरफ्तार भी हो गईलें।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here