बिग बॉस को काहे लोग कहता पागलखाना

0
1038
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरी एक्ट्रेस रानी चटर्जी बिग बॉस सीजन-11 के लेके दिलचस्प बयान देले बाड़ी। उ कहली कि इ घर में सबे पागल भरल बा। अच्छा भइल कि हम इ घर में नइखी। बाकी रानी चटर्जी भविष्यं में बिग बॉस के घर में जइला से इनकार भी ना कइली।

रानी के कहनाम बा कि एहि सीजन में उ घर में जाए वाली रही, बाकि लोगन के अनुभव अउर खुद के रियलाइजेशन के चलते ना गईली। रानी हस के कहली कि अगर हमहूं इ सीजन में घर में जइती त हमरो कवनों अइसने रूप दिख चुकल रहीत। काहे की उहां कईगो पागल भरल बाड़न। रानी एकरा बावजूद भी बिग बॉस शो के हिस्सा बनल चाहतारी । रानी के मुताबिक बिग बॉस-11, सीजन के विजेता छोट पर्दा के अंगूरी भाभी यानी शिल्पा शिंदे अउर फेमस बहू हिना खान के बीच बा।

Big Boss final
अब इ त बात रहे भोजपुरी सिनेमा के हॉट क्वीन रानी चटर्जी के, जवन बीग-बॉस खातीर इंट्रेस्टेड त बाड़ी…बाकी इ सीजन के देख के डर गइल बाड़ी। उनका लागता कि कहीं घर में जइला प उनको कवनों ओइसने रूप न दिख जाए। बाकी रउआ लोग के बता दी कि भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार मनोज तिवारी , मोनालिसा , संभावना सेट , दिनेश लाल निरहुआ अउर रवि किशन एह शो के हिस्सा रह चुकल बाड़न।

रवि किशन त बिग बॉस सीजन-1 के सेकेंड रनर भी रह चुकल बाडन।

बिग बॉस के घर में बहुत कुछ नकरात्मक होला त बहुत कुछ सकरात्मक भी होला। एह स्टारन के अइसन मानना बा की अइसे त हमनी के क्षेत्रीय जगह के लोग ही जान पावेलन बाकी, बिग बॉस के घर में अइला से उ कलाकार देश के लगभग घर-घर के चेहरा बन जाला। बिग बॉस के घर एगो अइसन शो ह, जहवां लोग स्टार से सुपर स्टार बन जालें अउर उहां से एगो फेमस चेहरा बनके निकलेलें। जेकरा बाद बॉलीवुड से लेके बड़-बड़ ऐडवटाइज़मेंट अउर छोट पर्दा प जगह असानी से मील जाला।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here