ड्रामा क्वीन राखी सावंत के नया ड्रामा, करे जा रहल बाड़ी दोसर बियाह

0
475
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

राखी सांवत एक बार फेर से दुल्हन बने वाला बाड़ी | अरे घबराइं मत उ दोबारा शादी नइखी करत| बस टीवी शो ‘खतरा खतरा खतरा’ खातिर दोबारा दुल्हन का गेटअप लिहें| खबर बा कि राखी इ शो में ‘छप्पन छुरी’ नाम से एक गाना पर परफॉर्म करे खातिर आवे के बाड़ी|  इ परफॉर्मेंस खातिर राखी सावंत दुल्हन का अवतार लिहें आउर एक पालकी पर सवार होकर स्टेज पर अइहें|Rakhi Sawant

अब देखे के बा कि इ शो पर आकर राखी आपन शादी के बारे में केतना राज़ खोलत बाड़ी|  काहे की कई अइसन बात बा जे अबतक छिपल बा, इ बात सिर्फ राखीए जानती बाड़ी| उनकर शादी के खबर भी एहमें से एक बा| राखी शादी के अनाउंसमेंट भी कर देले बाड़ी| लेकिन NRI पति रितेश के चेहरा अभी तक केहु ना देखले बा| शादी के खबर पर भी केवल राखी बोलेली| काहे की उनकरा कोई दोस्त या करीबी शादी के खबर की पुष्टि ना कइले बा| लेकिन हं, राखी इंस्टाग्राम पर वीडियो पोस्ट करके आपन पति के तारीफ जरूर करत रहेली|Rakhi Sawant

साल 2018 के आखिर में राखी दीपक कलाल के साथ शादी करेके अनाउंसमेंट कइले रहली| राखी बकायदा प्रेस कॉन्फ्रेंस करके शादी का ऐलान कइले रहली आउर तारीख भी बतवले रहली| लेकिन बाद में उ एकरा के केवल पब्लिसिटी स्टंट बतवली| इ वजह से अब इ शादी पर भी राखी के फैन्स आउर फॉलोअर्स के यकीन नइखे आवत बा| देखे वाला बात इ बा की राखी के इ शादी के पूरा सच कब सामने आवेला आउर उनकर पति के शक्ल कब देखे के मिली|

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here