फ्लाइट में शराब पीकर चढ़ेले पवन सिंह : राखी सावंत

0
914
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

बॉलीवुड के ड्रामा क्वीन राखी सावंत कहली कि, ‘पवन हमार अच्छा दोस्त हउवन “। अक्षरा भी एगो अच्छा गायक आ अभिनेत्री हाई। हम उनका मां-बाप के बहुते इज्जत करेनी लकिन अक्षरा से भी कहब की पवन भी के केहुके बेटा हउवन, उनकरा पर अइसन इल्जाम न लगावे के चाही।

राखी सावंत
राखी सावंत

आज कल अक्षरा अउर पवन के तकरार बढ़ गईल बा। दुनु अक्सर विवाद में रहेले। दुनु स्टार्स के विवाद पर केतना भोजपुरी एक्टर आ एक्ट्रेस आपन राय भी देहले बाड़े। साथ ही कई स्टार्स एह मामला पर बोले से बचत भी नजर आईल बाड़न।

पर बॉलीवुड ड्रामा क्वीन राखी एगो इंटरव्यू में खुल के दुनु के विवाद पर आपन राय देहली। राखी कहली की पवन  के फ्लाइट से डर लागेला एही से उ फ्लाइट में शराब पी के जाले, त एहिमे बुरा का बा।  राखी आ पवन के विवाद में भी राखी पवन के पक्ष ले के कहली की पवन बिलकुल बेकसूर बाड़न।  पवन हमार अच्छा दोस्त हउवन।

बाद में राखी पवन आ अक्षरा के रिस्ता के बारे में ई भी कहलि की अक्षरा झूठ बोलत बाड़ी। दुनु लिव इन रिलेशनशिप में रहल रहले। आ लिव इन रिलेशनशिप में रेप न होला। जवन होला मर्जी से होला।  ऐकरा बाद राखी अक्षरा के नसीहत देत हुए ई भी कहली की अब बहुत हो गईल अक्षरा अब ई सब बंद कर द। तू दुनु हउवअ, ई सब बंद कर के एक दूसरा से माफ़ी मांग के साथे काम करल शुरू कर द।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here