बनारसी रंग से बच ना पवली सारा अली खान

0
953
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

  बनारस के होली विश्व प्रसिद्ध होला अउरी यदि रउआ होली के दिन बनारस में बानीं त कवनो तरे रंग से बच ना पाएम। काल्ह होली के मौका पर अभिनेत्री सारा अली खान वाराणसी में रहली अउरी ऊ सोशल मीडिया पर होली से संबंधित फोटो पोस्‍ट कइले बाड़ी। सारा ई फोटो अपना इंस्टाग्राम एकाउंट पर फैन्स के साथ शेयर कइली। एह फोटो में सारा अउरी उनकर दोस्त गुलाबी रंग के एक जइसन सूट में एक-दूसरा पर गुलाब के पंखुड़ी फेंकत नजर आ रहल बाड़ी। सारा अली  फोटो शेयर करत कैप्शन में लिखले बाड़ी-  “बनारस की होली।”

दरअसल चंदौली के खरौझा गांव में हिंदी फिल्म ‘अतरंगी रे’ के शूटिंग आजकल वाराणसी में चल रहल बा। एही फिल्म के शूटिंग खातिर शनिवार के सारा बनारस पहुँचली। डायरेक्टर आनंद एल राय के एह फिल्म में सारा के साथ अभिनेता अक्षय कुमार अउरी साउथ के सुपर स्टार धनुष भी काम कर रहल बाडन। गौरतलब बा कि बनारस के ही पृष्ठभूमि पर साउथ के स्टार धनुष के सुपरहिट फिल्म रांझणा २०१३ में रिलीज़ भइल रहे।  शूटिंग में मौजूद लोग बतावल कि एक सप्ताह तक खरौझा गांव सहित क्षेत्र के अउरी स्थान पर शूटिंग होई जेकर चयन कइल जा चुकल बा। अमोघ नारायण सिंह के बंगला में सात मार्च से गांव में सारा के कुछ दृश्य फिल्मावल गइल। फिलिम में सारा अमीर परिवार के लड़की के किरदार निभा रहल बाड़ी। परिवार के लोग बिना उनका मर्जी के कहीं अउर शादी करे के चाह रहल बा जे सारा के पसंद नइखे। सारा के परिवार के लोग घर से बाहर निकलला पर पाबंदी लगा देता लेकिन सारा घर से भागके बिहार के एक गांव के हवेली तक भींजत पहुच जा तारी। उहाँ चारो और बादल के साथे तेज बारिश हो रहल बा। धुंधला रोशनी के बीच शूटिंग पूरा होता। बारिश में भीजत सीन करे में कैमरामैन अउरी पूरा यूनिट के काफी मशक्कत करे के पडल। एक ही शाट के कई री टेक करे के पडल।

एसे पहिले राजघाट स्थित काशी रेलवे स्टेशन पर शूटिंग भइल। इहां अभिनेत्री सारा अली अउरी धनुष पर रेल के दृश्य फिल्मावल गइल जेमे सारा घर से भागे के तैयारी में बाड़ी। सारा ट्रेन में सवार होके भागे के कोशिश करs तारी  तबे उनुकर मां कुछ लोग के जरिए सारा के पकडे खातिर दउड़s तारी। अभिनेता धनुष यात्री के तौर पर ओही ट्रेन में सवार बाडन। एह दृश्य के कई बार अलग-अलग एंगल से शूट कइल गइल।

सारा बनारस के एगो होटल में अपना टीम के साथ रुकल बाड़ी। ई पहिला मौका बा जब फैंस के फिल्म में साउथ सुपर स्टार धनुष, अक्षय कुमार अउरी सारा एक साथ पर्दा पर देखाई दी लोग। फिल्म में सारा के डबल रोल बा। एमे सारा अली खान के किरदार बिहार के रहे वाली एगो लड़की के होई जे धनुष से रोमांस करत नजर अइहन। फिलिम में धनुष दक्षिण भारत के रहे वाला बाडन। अक्षय कुमार के रोल भी काफी महत्वपूर्ण बा। फिल्म में अक्षय अउरी धनुष दुनू जने सारा अली खान से रोमांस करत दिखी लोग । फिल्म अगला वर्ष वेलेंटाइन डे के आसपास रिलीज हो जाई। फिल्म में संगीत ए.आर. रहमान के दिहल बा।

 

फिल्म के शूटिंग करे अइली सारा अली खान के एक नजर देखे खातिर ग्रामीण लोग के तगड़ा भीड़ एकत्रित हो गइल। हालांकि सुरक्षा के मद्देनजर बड़ा संख्या में पुलिस के जवान भीड़ के तितर-बितर करे में लागल रहे। खरौझा गांव में फिल्म के शूटिंग करे जब सारा अली खान पहुँचली त उहाँ मौजूद युवा लोग के दिल जीत लेहली। ब्लैक रंग के गाउन, चश्मा अउरी ऊंच हील के सैंडल पहिनले जइसही सारा लग्जरी कार से नीचे उतरली उहां मौजूद युवा लोग के धड़कन बढ़ गईल। शोर-शराबे के बीच सारा हाथ हिलावत हवेली में चल गइली। उहां पुलिस के अलावा उनकर निजी सुरक्षा गार्ड मौजूद रहे।

 

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here