गाना… जेकरा से खेसारी लाल रातो रात सुपरस्टार बन गइलें

0
1665
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भगवान सिर्फ उही  के  मदद करेलन जे आपन मदद खुदे करेला . इस कहावत के अगर भोजपुरी फिल्म जगत के आसमां पे जगमगात सितारा खेसारी लाल यादव के साथे जोड़ के देखल जाव त इ कुछ गलत नइखे ।

खेसारी लाल आपन  लक्ष्य के  पावे  खातीर  पूरा  क्षमता अउर  ईमानदारी के साथे मेहनत करेलन. दरअसल खेसारी के जन्म बहुत  ही साधारण परिवार में भइल रहे अउर  आज खेसारी के कामयाबी के चलते उ आपन मां-बाप के साथे साथे गांव अउर  जिला के नाम भी रौशन कर दिहले बाडन।

भोजपुरी जगत में आपन गीत के जरिये शुरूआत करे वाला खेसारी साल 2010 में,  सईयां अरब गइला से खासा सुर्खियों में आइल रहन। उकरा बाद से उ कभी पीछे मुड़ के ना देखलन , अउर आजों  आपन गायिकी के लेके भी हमेशा सुर्खियों में रहेलन ।

गायन में मग़न रहे वाला खेसारी के मन में  एक अउर  सपना पनपत रहे उ ह हीरो बने के भोजपुरी जगत में हीरो बने के इच्छा रखे वाल खेसारी लाल ,साल 2011 में निर्माता आलोक कुमार अवुरी के फिल्म साजन चले ससुराल से शुरु आत कइलन ,  एह फिल्म से खेसारी के करियर में एक नया आयाम मिलल। इ फिल्म रिलीज़ होखते ही एक नया रिकॉर्ड कायम कर दीहल,

एकरा बाद त मान की  खेसारी खातीर एक के बाद एक फिल्म के लाईन लागत चल गइल अउर एकरा साथ ही उ पूरा कइलन एक स्टार से सुपरस्टार बने के सफर।

खैर हम त इहे उम्मीद करब  कि हर दिन के साथे ही  खेसारी के सफलता यूं ही बढ़त रहे  अउर फिर उ  भोजपुरी सिनेमा जगत के एक नया मुकाम तक ले जास.

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here