बिहार के माटी के कमाल, दू लोग के मिलल पद्मश्री आउर पद्मभूषण

0
1490
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

विभिन्न क्षेत्र में विशिष्ट अउर असाधारण उपलब्धि खातीर देवे जाए वाला पद्म पुरस्कार के एलान कर दिहल गइल बा.

बिहार के मशहूर गायिका शारदा सिन्हा,झारखंड के मशहूर क्रिकेटर महेंद्र सिंह धोनी अउर  इसरो के वैज्ञानिक मानस बिहारी वर्मा समेत 85 हस्ति के पद्म पुरस्कार देवे के घोषणा कइल गईल बा .

शरदा सिन्हा अउर मानस बिहारी वर्मा बिहार के रहे वाला हवन जा . दरभंगा के रहे वाला मानस बिहारी वर्मा इसरो के तेजस परियोजना से जुडल बाडन.

मानस बिहारी वर्मा के पद्मश्री खातीर चुनल गइल बा  उइजे झारखंड के रहे वाला क्रिकेटर महेंद्र सिंह धोनी अउर  बिहार के मशहूर गायिका शारदा सिन्हा के पद्म भूषण खातीर चुनल गइल बा

इ  बार 85 लोग के पद्म सम्मान मिले वाला बा . तीन लोग के पद्मविभूषण, नौ लोग के पद्मभूषण

अउर 73 लोग के पद्मश्री सम्मान से नवाजा जाइ.

विभिन्‍न क्षेत्र में बेहतर काम करे, सेवा देवे  वाला के पद्मश्री पुरस्‍कार से सम्‍मानित कइल जाला

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here