Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

आरसीपी सिंह जदयू राज्‍य सभा के सांसद ही ना हवें, बल्कि एक सफल पिता भी बाडन। सिंह के दूनों बेटि लिपि और लता शानदार सफलता से आपन पिता के जिंदगी भर के मुस्‍कान देली जा। बड़की  बेटी लिपि सिंह यूपीएससी के सिविल सर्विस परीक्षा के पार कर चुकल बाडी, अउर  2015 बैच की आईपीएस अधिकारी बन चुकली। उइजे छोट बेटी लता सिंह वकील बन आपन अउर अपना पिता के नाम आगे बढ़ावे खातीर तेजी से जुट गइल बाडी।

आरसीपी सिंह नालंदा जिले के अस्‍थावां प्रखंड के मुस्‍तफापुर गांव के निवासी हवन। सफलता के तमाम सीढि़यों के छूने के बाद भी आरसीपी सिंह के गांव से लगाव बनल बा। उ त खुद गांव आवेलन अउरी बच्‍चन के भी गांव के मिट्टी से जोडेलन । सिविल सर्विस परीक्षा में लिपि सिंह के परिणाम बहुत ही शानदार रहल बा । उनका के 114वां रैंक मिलल बा । आईपीएस खातीर चुनल गइल  अभ्‍यर्थि में से उ 7वें स्‍थान पर बाडी। लिपि सिंह के सफलता इ रुप में महत्‍वपूर्ण बा कि बिहार के नालंदा जिले में अब तक बहुत सारा आईएएस-आईपीएस देश के मिलल बा, पर लिपि सिंह उ हइ जेकरा के  जिले से पहली महिला आईपीएस आफिसर बनेके गौरव प्राप्‍त भइल बा।

आईपीएस बनने के पहले भी लिपि सिंह के सेलेक्‍शन एलायड सर्विस के लिए हो गइल रहे। बाकी अपनी मेधा शक्ति के लेकर कांफिडेंट रही ।एही से त सर्विस ज्‍वाइन करे के बजाय फिर से परीक्षा देली और आईपीएस बन गईली।

आईपीएस लिपि सिंह की ट्रेनिंग खत्‍म हो चुकल बा। ट्रेनिंग में भी लिपि बेस्‍ट परफार्म देहली । केन्‍द्रीय गृह मंत्रालय से लिपि सिंह के बिहार काडर अलॉट हो गइल बा । मतलब अब उ बहुत जल्‍दी ही बिहार में बदमाशन के छक्का छुडावत दिखीहन ।

आरसीपी सिंह भी राजनीति में आने के पहले आईएएस अधिकारी रहन उनका के भी  यूपी काडर मिलल रहे। नीतीश कुमार के मंत्री बनला के बाद आरसीपी सिंह दिल्‍ली में उनके प्राइवेट सेक्रेट्री बनलन । एकरा बाद दोनों लोग में संबंध लगातार बनल रहल। बाद में, नीतीश कुमार के लागल कि आरसीपी सिंह के जरुरत जदयू के बा। उकरा बाद आरसीपी सिंह आईएएस के  नौकरी छोड़ के उ राज्‍य सभा के सांसद बन गइलन अउर  अब उ राज्‍य सभा में जदयू के संसदीय दल के नेता बाडन।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here