शादी के फेरा के साथ दहेज विरोध व अंग दान के संकल्प भी लिहल गईल

0
1051
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी आपन बड़ बेटा के शादी बहुते सादगीपूर्ण तरीका से कइलन। इ वीवीआईपी शादी धूम-धाम अउर शाही खर्च से अलग , संदेश पूर्ण ढंग से संपन्न भइल। साथे-साथ इ शादी में सामाजिक संदेश भी दीहल गइल। सुशील कुमार मोदी के बड़ बेटा उत्कर्ष के विवाह..दुनिया के चकाचौंध से हटके..किफायती अउर बेहतरीन शादी के लाजवाब उदाहरण बा।

शादी में शामिल भईल करीब 350 लोग भविष्य में दहेज ना लेवे के संकल्प कइलन त ओहिजे इ शादी में छप्पन पकवान के जगह अंगदान समिति के काउंटर लागल रहे। जहवां करीब 150 लोग  मौत के बाद अंग दान के संकल्प भी लिहलें।

Lalu Prasad Yadavबिहार के वेटनरी कॉलेज ग्राउंड में हिंदू रिति-रिवाज से शादी संपन्न भईल। बिना बैंडबाजा अउर धूम-धड़ाका वाला इ शादी में वैदिक मंत्रोच्चारण खातिर मुंबई से प्रतिष्ठित पंडित के बुलावल गइल रहें। अतिथियों खातीर प्रसाद स्वरूप 4-4 लड्डू के इंतजाम रहे। लड्डू के पैकेट प स्वच्छ भारत के संदेश भी लिखल रहे … खाली बोतल डिब्बा कूड़ेदान में डालें

शादी समारोह में सीएम नीतीश कुमार, आरजेडी सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव संगे कई मशहुर लोग शिरकत कईलें अउर एह शादी के हिस्सा बनलें। सभन लोग शादी समारोह के तारीफ करते हुए एकरा के शांतिपूर्ण शादी बतवलें।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here