राम मंदिर के बाद अब में सीता मंदिर खाती आवाज उठइहन स्वामी

0
1227
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

लंबे समय के बाद ‘राम मंदिर’ विवाद फिर से चर्चा के केंद्र में बा । 5 दिसंबर से सुनवाई शुरू होखे वाला रहे, बाकी जोरदार बहस के बाद फिलहाल 8 फरवरी तक टल गईल बा।

एने बीजेपी के वरिष्ठ नेता सुब्रमण्यन स्वामी  ‘राम मंदिर’ के बाद बिहार के सीतामढ़ी में सीता मंदिर बनावे के राग छेड़ा दीहले बाडन। राम मंदिर मामले में वरिष्ठ बीजेपी नेता सुब्रमण्यन स्वामी भी मुख्य याचिका कर्ता में से एक बाडन।

स्वामी ट्वीट प लिखलन की , ‘अयोध्या में राम मंदिर के बाद हम  बिहार के सीतामढ़ी में ,सीता मंदिर बनवावे खातीर जरूरी कदम उठाइम। एकरा से पहीले  भी अक्टूबर महीने में उ आपन  बिहार यात्रा के दौरान जानकी मंदिर के मुद्दा उछलले रहन ।

Kapil Sibalसुप्रीम कोर्ट राम जन्मभूमि – बाबरी मस्जिद विवाद प 5 दिसंबर से आपन आखिरी सुनवाई शुरू कइले रहे, बाकी पक्षकार के वकीलन के दलील सुनला के बाद सुप्रीम कोर्ट  सुनवाई के तारीख बढ़ा दीहलस।

5 दिसंबर के सुनवाई के दौरान सुन्नी वक्फ बोर्ड के वकील कपिल सिब्बल 2019 के आम चुनाव के बाद सुनवाई के मांग कइले रहन। सिब्बल के दलील रहे कि 2019 के आम चुनाव में इ मसला के उठावल जा सक ता।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here