काहे फूट फूट के रो देहली अक्षरा सिंह, कह देहली कि हर सजा बा कुबूल

0
581
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

अक्षरा के एक टिकटॉक वीडियो इंस्टाग्राम पर काफी वायरल होत बा। उ एह वीडियो में विवेक खेसारी संगे नजर आवत बाड़ी।अक्षरा कहत बाड़ी की हर सजा कुबूल की हमने, कसूर बस इतना था की बेकसूर थे हम। इ वीडियो में अक्षरा के दर्द साफ दिखाई देत बा की कवने तरह से उनकरा रिस्ता टूटे से उ टूट चुकल बाड़ी।उनकर दिल बार बार रोकर बस इहे कहता कि आखिर हमरा कसुर का रहल की एतना बड़ा सजा मिलल।

आपके बता दिहीं की पिछले कुछ समय से भोजपुरी सिनेमा के सबसे सुपरहिट आउर विवादित जोड़ी पवन सिंह आउर अक्षरा सिंह के रिस्ता अब सही ना रहल।  दूनों एक-दूसरे पर काफी आरोप लगवले रहले।  हाले में एक इंटरव्यू के दौरान जहवां अक्षरा पवन सिंह के संग आपन रिश्ता के बात कबूल कइली उहें इ भी बतवली कि इ रिश्ता काफी बुरे नोट पर खत्म भइल रहल।

एतने नाहीं, उ पवन पर उनकरा के इंडस्ट्री से निकलवावे के साजिश रचे के आरोप भी लगवली। ‘पवन राजा’ के एक गाना ‘ललिया’ के भोजपुरी फिल्मों के बोल्ड आउर सबसे ज्यादा देखे जाए वाला भोजपुरी गाना मानल गइल। पवन सिंह आउर अक्षरा के रोमांटिक गाना आउर फिल्म दर्शक के खूब पसंद आवला। इ जोड़ी के लेकर फैंस के दीवानगी हद से ज्यादा बा लेकिन ब्रेकअप आउर विवाद के बाद अब शायदे इ जोड़ी दोबारा भोजपुरी फिल्म में देखने के मिली।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here