भोजपुरी के महाकुंभ के तैयारी हो रहल बा

0
1356
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

देश के पहिला राष्ट्रपति डॉ. राजेंद्र प्रसाद के जयंती पर दु से चार दिसंबर तक शहर के ताऊ देवीलाल स्टेडियम में पूर्वांचल एकता मंच से भोजपुरी महाकुंभ के आयोजन कइल जाइ। एमे शामिल होखे खतीर राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद के अलावा देशभर के मुख्यमंत्रियों अउर भोजपुरी क्षेत्र के गणमान्य लोगन के आमंत्रित करल गइल बा।

बिहार के महाराजगंज से सांसद जनार्दन सिक्रीवाल पत्रकार लोग के बतवलन कि भोजपुरी महाकुंभ के मंच प इ बार फूहड़ गाना के बजाय भोजपुरीया साहित्य, भोजपुरीया भाषा अउर भोजपुरीया संस्कृति के चर्चा होयी। इ कार्यक्रम में बिहार, हरियाणा अउर केंद्र सरकार के पूरा सहयोग मिल रहल बा। एह से अबकी बार भोजपुरी के स्वभाव के मुताबिक एकरा व्यापक रूप में प्रदर्शित कइल जायी।

Dr-Rajendra-Prasadइ महाकुंभ में शारदा सिन्हा, मालिनी अवस्थी जइसन भोजपुरी के शिल्पीकार संगे भोजपुरीया साहित्य प चर्चा करे खातीर भी कुछ हस्ती लोग शामिल होंइहें। सिक्रीवाल आगे बतवलें कि प्रधानमंत्री के सपनों के भारत बनावे खातिर कौशल विकास के भी स्टॉल लगावल जायी। एह स्टॉल प लोगन के पंजीकरण करल जायी अउर ओहन लोग के अलग-अलग केंद्रों प भेज के कौशल के प्रशिक्षण दिहल जायी ।

भोजपुरीया महाकुंभ में खाली भोजपुरी क्षेत्र के ही ना बल्कि कवनों भाषा अउर कवनों क्षेत्र के लोग शामिल हो सकेलन.

सांसद सिक्रीवाल के मुताबिक भोजपुरी अउर देश के प्रथम राष्ट्रपति के समर्पित इ कार्यक्रम में कवनों दल विशेष खातीर कोई स्थान नईखे। एमें सभन दल अउर क्षेत्र के लोगन के आमंत्रण दिहल जा रहल बा। एकर एगो मात्र उद्देश्य इ बा कि लोगन के दिमाग में भोजपुरी खतीर कवनों गलत मिथ्या न रह जाए।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here