भोजपुरिया हीरो पवन सिंह के प्यार हो गर्ईल

0
1151
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

इ चेहरा आज कौनो पहचान के मोहताज नइखे भोजपुरी सिनेमा इंडस्ट्री के सुपर स्टार गायक अभिनेता पवन सिंह। अउर इ हई खूबसूरत हिरोइन ख्याति सिंह। इ दुनों के जोड़ी आजकल खूब चर्चा  में बा। ले के बैंड बाजा ए पवन राजा इ फिल्म में इ जोड़ी के खूब पसंद कईल गईल अउर ओकरे नतीजा बा का कि इ जोड़ी एक बार फिर से नजर आई फिल्म ‘बलमुआ तहरे ख़ातिर’ में । इ त परदा प के जिंदगी के बात भईल।

लेकिन, एहबीच भोजपुरी इंडस्ट्री में पवन सिंह अवुरी ख्याति के रोमांस के चर्चा खूब ज़ोर-शोर से होखता। हालांकि पवन सिंह कहले कि, ख्याति बहुत बढ़िया अभिनेत्री हई, उनुकर आ हमार जोड़ी के दर्शक पसंद कईले। एकरे चलते निर्माता फेर से हमनी के एक संगे पर्दा प उतारे के फैसला कईले।

ख्याति संगे होखत रोमांस के चर्चा प पवन कहले कि “हमनी के तालमेल लोग के पसंद आई।” उ कहले कि, जवन चर्चा होखता उ सब फिल्म के शूटिंग दौरान हमनी के तालमेल के चलते होखता, निजी जीवन में अयीसन कवनो बात नईखे।

एही सवाल के जवाब में ख्याति कहली कि, पवन सिंह भोजपुरी इंडस्ट्री के सुपरस्टार हवे, हम बहुत किस्मतवाली बानी कि उनुका संगे दुसरकी फिल्म मिलल। पवन संगे सभके काम करे के इच्छा बा, हमरो इच्छा रहे, जवन कि पूरा हो गइल।

एगो महिला के संघर्ष के कहानी प बनत ‘बलमुआ तहरे ख़ातिर’ के लेखक मनोज टाइगर बतवले कि इ फिल्म एगो अयीसन महिला के कहानी ह जवन कि अपना पति से बहुत प्यार करेले लेकिन समय अयीसन आवेला कि ओकरा हथियार उठावे के परेला।

फिल्म के निर्देशक दिनेश यादव कहले कि फिल्म बहुत बढ़िया बनल बिया। पवन सिंह, ख्याति सिंह, संजय पाडेय, मनोज टाइगर अवुरी सीमा सिंह जईसन कलाकार अपना अभिनय से फिल्म के यादगार बना देले बाड़े।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here