भोजपुरी कोकिला शारदा के घर भी डूबल पानी में

0
661
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

चार दिन से घर में फसल शारदा सिन्हा के NDRF टीम रेस्क्यू कर निकल देहलस। चार दिन से लगातार हो रहल आफत के बारिश राजधानी पटना समेत पूरे सूबे पर कहर बनके टूट रहल बा। जनजीवन ठहर गईल बा। एहि में लोकगीत गायिका शारदा सिन्हा भी अपना घर में फंस गई रहली। उ फेसबुक पर पोस्ट लिखके आपन दर्द बयां कईली। शारदा सिन्हा लिखाली कि राजेन्द्र नगर में अपने घर में पानी में फसल बानी। मदद नइखे मिल पा रहल बा। NDRF के राफ्ट तक भी पहुंचल असंभव बा। पानी से बदबू भी आ रहल बा। काश भारत में एयर लिफ्ट के सुविधा होईत। कवनो रास्ता हो त बताई। एकरा बाद सोमवार के पटना के राजेंद्र नगर रोड इलाका से स्थित शारदा आउर उनके बेटा के एनडीआरएफ के टीम निकाल लेलस। रविवार के शारदा सिन्हा के बेटा भी फेसबुक पर एगो पोस्ट डलले रहले। उ अपना पोस्ट में लिखाले रहले की – विनाश काल, अब आउर बारिश नइखे देखल जा रहल बा। दूध, पानी, दवाई सबके जरूरत बा। अब तक एगो या दुगो नाव एनडीआरएफ के आईल बा जे एक 250 ग्राम पानी का पाउच फेक रहल बा।

शारदा सिन्हा
शारदा सिन्हा

पटना, गया, भागलपुर आउर पूर्णिया सहित पूरे राज्य में अगले 24 घंटे तक जोरों की बारिश का पूर्वानुमान बा। मौसम विभाग चार ऑक्टूबर  तक रुक-रुक के बारिश होये के अनुमान जता रहल बा। पिछला 36 घंटा में सबसे ज्यादा बारिश रोसड़ा में 290 मिमी भईल बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here