मोनालिसा के फैन मोमेंट, सपना जइसन रहे अक्षय से मुलाकात

0
608
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरी सिनेमा के एक्ट्रेस मोनालिसा के, के ना जानेला | आपन काम अउर एक्टिंग से उ दर्शक के साथ बॉलीवुड सितारों के भी दिल जीतले बाड़ी| हाले में भोजपुरी क्वीन मोनालिसा, अक्षय कुमार से मिलली। इनकरा खातिर अक्षय कुमार से मिलल फैन मोमेंट रहल।

MONALISAदरअसल, मोनालिसा, मनीष पॉल के साथ इ वक्त मूवी मस्ती विद मनीष पॉलशो के शूटिंग में व्यस्त बाड़ी। इ शो पर कई गो स्पेशल गेस्ट आ रहल बाड़न,जेकरा में से अक्षय कुमार एक बाड़न। हाले में अक्षय आपन फिल्म हाउसफुल 4’ के प्रमोशन खातिर इहां आइल रहन। इ दौरान मोनालिसा, अक्षय कुमार से मिलली। इनकरा साथ फोटो क्लिक करा के सोशल मीडिया पर शेयर कइली। उ आपन फैंस के बतवली कि उ अक्षय कुमार के केतना बड़ा फैन बाड़ी।

akshay-monaमोनालिसा फोटो शेयर करते हुए लिखली कि जब जिंदगी आपके दूसरा मौका देवले कि आप आपन फेवरेट एक्टर से मिली। आपके ना पता होला कि अइसन में आपके असल में बोले के का चाही। अउर सबसा अच्छा बात इ रहे कि उ आपके याद रखेले। अउर आपके करियर ग्रोथ खातिर शुभकामनाएं देवेले । हमरा खातिर इ मोमेंट पूरा तरह से फैन गर्ल मोमेंट रहल। अक्षय आपके बहुत-बहुत शुक्रिया, हमरा से दोबारा मिले खातिर। मनीष पॉल के इ शो 5 अक्टूबर से जी टीवी पर शनिवार-रविवार 9:30 बजे से शुरू होवे वाला बा। हमसे जुड़ल रहीं।

monaआपके बता दीहीं कि मोनालिसा सीरियल नजरमें दिखाई देले रहली। इहां तक कि उ बिग बॉस में भी आइल रहली| सोशल मीडिया पर मोनालिसा काफी एक्टिव रहेली।

mona

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here