घर में भईल बवाल, तेजू के आईल बहार

0
696
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री आउर आरजेडी प्रमुख लालू यादव के पारिवारिक कलह त जगजाहिर बा। अईसे में लालू प्रसाद यादव के घर में फिरसे फैमिली ड्रामा शुरू हो गईल बा। एह ड्रामा के पीछे के वजह तेजप्रताप आउर उनकर पत्नी ऐश्वर्या राय के तलाक से जूड़ल बा। लेकिन ई तलाक वाला ममला तब अचानके एगो नया मोड़ ले लेलस, जब तेजप्रताप के माई मननीया राबड़ी देवी ऐश्वर्या राय के सामान कपड़ा, फर्नीचर आउर इलेक्ट्रॉनिक्स सामान उनकर पिता चंद्रिका राय के घरे भिजवा दिहली।

हालांकि तेजप्रताप के ससुर चंद्रिका राय सामान लेवे से मना कर दिहले। चंद्रिका राय एह पर मीडिया कैमरा के सामने खूब हाय-तौबा भी मचईलन। ओकरा बाद शास्त्रीनगर पुलिस के बुलवलें आउर पुलिस के सामान जब्त करेके अनुरोध कईलें। ऊ कहलें कि सामान में शराब भेजके हमके फँसवले के कोशिश कईल जा सकेला। आपके बता दीं बिहार में शराब पर पूर्ण रूप से रोक लगा दिहल गईल बा आउर दोषी होखला पर सजा के प्रावधान बा।

आउर उधर एह फैमिली ड्रामा के बीच लालू यादव के सदाबहार बेटा के बहार आ गईल। दरअसल तेजप्रताप यादव अपना इंस्टाग्राम अकाउंट पर एगो फोटो पोस्ट कईलन आउर कैप्शन में लिखलें-  Its not my attitude, its my style. दरअसल तेजप्रताप यादव पटना के कवनो शॉपिंग मॉल में शॉपिंग करे गईल रहलन आउर ई फोटो सोशल मिडिया के इंस्टाग्राम अकाउंट पर ई फोटो शेयर कईलन।

इंस्टाग्राम पर तेजप्रताप के एह फोटो पर फैंस आउर यूजर्स काफी मजेदार कमेंट्स कर रहल बाने। आपके बता दीं कि तेजप्रताप अक्सर अपना लुक के लेके सोशल मीडिया पर फोटोज पोस्ट करत रहेलन। सोशल मिडिया पर सक्रिय रहला के वजह से ऊ हमेशा अपना फैंस के बीचे चर्चा में रहेलन। अभी कुछ दिन पहिले ही तेजप्रताप यादव सोशल मिडिया पर अपना गो ग्रीन अवतार के लेके खासे चर्चा में रहेलन।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here