बिहार में शुरु हो गईल किताब के मेला

0
1084
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

बिहार  के राजधानी पटना के ज्ञानभवन में 2 दिसंबर से लेके 11 दिसंम्बर ले पुस्तक प्रेमियों के भीड़ उमड़ल रही। बिहार के कला- संस्कृति, युवा विभाग अउर सेंटर फॉर रिडरशिप डेवलपमेंट (सीआरडी) द्वारा आयोजित होखे वाला…पटना पुस्तक मेला के 24वें संस्करण में 210 स्टॉल लगावल गइल बा। जबकि बिहार अउर देशभर से  112 प्रकाशक भाग ले रहल बाड़न।

Book Fair begins in Biharपटना पुस्तक मेला के संयोजक शनिवार के बतइलन कि पटना पुस्तक मेला के 24वें संस्करण में एह बार के विषय लड़की अउर महिल के समर्पित बा। जेकर टाइटिल ह लड़की को सामर्थ्य दो, दुनिया बदलेगी

Book Fair begins in Biharपुस्तक मेला में पहिला बार रंग के थीम ‘पिंक’ रखल गइल बा। उहा के संयोजक बतइलें कि पुस्तक मेला के उद्घाटन मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कइले। गांधी मैदान में लागेवाला इ मेला वर्ष मैदान के समीप नवनिर्मित ज्ञानभवन, अंतर्राष्ट्रीय कन्वेंशन सेंटर में आयोजित हो रहल बा। 11 दिसंबर ले चले वाला इ मेला में लड़कियों के प्रोत्साहन खातीर कई तरह के कार्यक्रल के भी आयोजन करल गइल बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here