स्वयं ‘यमराज’ दे रहल बानीं आदेश घरे रहे के

0
1310
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

ओह बेरा सब लोग हैरान रह गईल जब साक्षात यमराज घरे-घरे पहुंच के लोग के घर मे रहे के सलाह देवे सीधे आकाश से धरती पर आ गइलन। जी हां! घटना बिहार राज्य के मुंगेर जिला के ह।

पूरा दुनिया एह बेरा कोरोना के महासंकट से गुजर रहल बा। अइसन हालात में लोग के बीच हर स्तर पर एह घातक बीमारी के प्रति जागरुक करे के प्रयास कईल जा रहल बा। एही कड़ी में बिहार के मुंगेर में ‘यमराज’ घर-घर जाके लोग के घर में रहे के सलाह दे रहल बाड़न। दरअसल, यमराज के वेषभूषा धारण कर के एगो शख्स लोग के एह खतरनाक वायरस के प्रति जागरुक कर रहल बाड़न। काला कपड़ा पहीन के अउरी सिर पर सुनहरा रंग के मुकुट लगा के ई शख्स सड़क पर चिल्ला के घर से बाहर निकलला पर एह वायरस के प्रति आगाह कर रहल बाड़न। यमराज बनल एह शख्स के साथे एगो अन्य शख्स कोरोना राक्षस बनके घूम रहल बा। कोरोना राक्षस स्लीवलैस टॉप पहिनले बा अउरी वायलेट कलर के पायजामा पहिनले बा। एतने ना, ओकर पूरा शरीर नीला रंग से पेंट कईल बा।

ना खाली बिहार में बल्कि छत्तीसगढ़ में भी यमराज बन के लोग जागरूकता फैला रहल बा। जहां यमराज लोग के कोरोना के प्रति जागरुक कर रहल बाड़न ओहीं दूसरा ओर ओडिशा में एगो शख्स महात्मा गांधी के भेष धरके न सिर्फ लोगन के कोरोना संक्रमण के प्रति जागरुक कर रहल बाड़न बल्कि अपने जेब खर्च के पैसा से मास्क अउरी सैनिटाइजर खरीद के गरीब गुरबा लोग के बस्ती में जाके बांट रहल बाड़न। साई राम नाम के एह शख्स के इलाके में पहचान सिल्वर गांधी के तौर पर भी बन चुकल बा।
कोरोना संक्रमित मरीज के संख्या बिहार में भी धीरे-धीरे बढ रहल बा, हालांकि अन्य बड़ राज्य के तुलना में इहाँ हालात तबो बेहतर बा। राज्य में अब तक 65 से ज्यादा कोरोना संक्रमित मामला सामने आ चुकल बा। एमें से जहां 29 लोग ठीक हो चुकल बा, एगो मरीज के मौत भी हो चुकल बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here