कोरोना, कर्फ़्यू अउरी काशी

2
1350
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

कोरोना कर्फ्यू अउरी काशी….
मस्त शहर अलमस्त नगर मस्ती बिन कंगाल भइल हव
भांग ठंडई छोड़ा मरदे खैनी के हड़ताल भइल हव ।
आइल कोरोना मरकिरौना जान परल हव सांसत में
मुहं तोप के बइठल मनई हिले करेजा खांसत में
मांड़ भात से काम चले बस कई दिन देखले दाल भइल हव
भांग ठंडई छोड़ा मरदे खैनी पर हड़ताल भइल हव ।
अस्सी वाली अड़ी बंद ह चना चबेना चाय नदारद
घचर-घचर बतिआवे वाला गायब राजनीति के नारद
गुरु बनारसी फोन पे कहलें जिनगी अब जंजाल भइल हव
भांग ठंडई छोड़ा मरदे खैनी पर हड़ताल भइल हव ।
सुबह के के नश्ता पुड़ी जिलेबी खातिर मन अउंजाइल बा
चाट समोसा लस्सी अब त शहरे छोड़ पराइल बा
मगही पान घुलवले जइसे लागे केतना साल भइल हव
भांग ठंडई छोड़ा मरदे खैनी पर हड़ताल भइल हव ।
टीवी पर भी एके बतिया कर्फ्यू और कोरोना के बा
एके रोगवा दुनियाभर में धइले कोना कोना के बा
खून के आंसू बाटे रोववले अइसन चीन चंडाल भइल बा
भांग ठंडई छोड़ा मरदे खैनी पर हड़ताल भइल बा ।
दरशन पूजन पर गरहन ह घाट सबे सूनसान परल
चौक गोदौलिया मैदागिन लहुराबीर बिरान पड़ल
डीएलडब्ल्यू सुंदरपुर लंका तक बेहाल भइल हव
भांग ठंडई छोड़ा मरदे खैनी पर हड़ताल भइल हव ।
आन्ही आवे बइठ गंवावे इहे सूत्र अपनावा जा
जइसे तइसे घर में बइठल एक-एक दिन बितावा जा
खोल केवाड़ी घर से बहरी निकलल अब त काल भइल ह
भांग ठंडई छोड़ा मरदे खैनी के हड़ताल भइल हव ।।

लॉकडाउन अउरी कर्फ्यू के बीच बनारस के शायद ईहे स्थिति बा। आपन कविता के जरिये बनारस के हाल पर नज़र डाल रहल बानी युवा कवि रत्नेश ‘चंचल’। चंचल जी काशी हिन्दू विश्वविद्यालय से शिक्षा प्राप्त हईं अउरी आकाशवाणी, दुरदर्शन के अलावा विभिन्न मंच से काव्य पाठ करत रहेनीं।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

2 COMMENTS

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here