राम के नगरी अयोध्या में गाय पहिनी कोट

0
607
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

अयोध्या में गाय के अब कोट पहिनावल जाई। इहाँ के सरकारी गौशाला में गाय के काऊ-कोट पहिनाके ठंड से बचावल जाई। योगी सरकार के नया कदम जेमे गाय-बछड़ा अब सूटधारी होई.

सर्दी शुरू हो गईल बा. नया स्वेटर,जैकेट अउरी शौल के खरीदारी खातिर रउआ बाज़ार के दौड़ लगावल शुरू कर देले बानी. अबकी योगी सरकार भी सर्दी से बचाव खातिर कोट के खरीदारी में लाग गइल बिया लेकिन गरीबन खातिर ना ,गाय-बछड़ा खातिर जी हाँ, गाय के ठंड से बचावे खातीर राम के नगरी अयोध्या में ई पहल कईल जाई. एकरा खातीर अयोध्या नगर निगम व्यवस्था करे में जुट गईल बा।

योगी सरकार के नया कदम

एह नया शुरूआत के पहिला चरण में 300 काऊकोट जुटावल जाई। साथेसाथे गोशाला में ठंड भगावे खातीर अलाव जलावल जाई। काऊ शेड में मोटा पर्दा भी लगावल जाई। बैसिंह इलाका में बनल गोशाला में 300 गाय आउर बछड़ा खातीर काऊ कोट के व्यवस्था कईल जा रहल बा।

अयोध्या के नगर आयुक्त डॉ. नीरज शुक्ला कहलन –  ‘रामनगरी अयोध्या में गाय के ठंड से बचावे खातीर उम्दा इंतजाम कईल जा रहल बा। बैसिंह स्थित गौशाला में गाय के ठंड से बचावे खातीर काऊ कोट के इंतजाम कईल जा रहल बा। इ व्यवस्था दू-तीन चरण में लागू होई।

तीन लेयर वाला कोट

नीरज शुक्ला बतवले-गाय के बच्चा खातीर तीन लेयर वाला कोट बनावल जा रहल बा। पहिले मुलायम कपड़ा ओकरा बाद फोम, फिर जूट लगाके एके बनावल जाई। नवंबर खत्म होते डिलीवरी हो जाई। एह काऊ-कोट के कीमत 250 रुपया आउर 300 रुपया के बीच में बा।

बांधे के व्यवस्था

नगर आयुक्त डॉ. शुक्ला  बतवले-नर आउर मादा पशु खातीर अलग-अलग डिजाइन होई। नर पशु खातीर कोट जूट के होई। मादा खातीर दू लेयर के कोट बनी आउर बांधे के व्यवस्था होई, ताकि गाय आउर ओकरा बच्चा ई कोट पहिनके ठंड से बच सको।‘

शुक्ला बतवले  एकरा अलावा गौशाला में सब जगह गाय के ठंड से बचावे खातीर अलाव जलावल जाई अउरी सब कमरा में जूट के पर्दा के व्यवस्था कईल जाई। जमीन पर नीचे पुआल डालल जाई। साथे-साथे पुराण गौशाला के मॉडल-गौशाला रूप में विकसित करे के योजना बा।

अयोध्या के महापौर ऋषिकेष उपाध्याय बतवले-गौ माता के सेवा पर पूरा फोकस बा। काऊ कोट के अलावा ठंड से बचावे खातीर जवन इंतजाम होई, उ अयोध्या नगर-निगम करी। ऐके हमनीके एगो बेहतरीन गौशाला के रूप में धीरे-धीरे विकसित कर रहल बानीके।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here