फोन कंप्यूटर के बचा के रखे के बा ना त चोरी हो जाई डाटा

0
1004
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

Data can be stolen from the phone and computerचोरी हो सकत बा आप लोगन के डाटा,  हैक हो सकत बा कम्प्यूटर-स्मार्टफोन। इंटेल प्रोसेसर दुनिया भर में बहुते पॉपुलर ह अउर ज्यादातर कंप्यूटर्स में इंटेल के ही प्रोसेसर लागल रहेला। इंटेल के अलावे AMD अउर ARM जइसन प्रोसेसर्स भी कंप्यूटर्स में होला, बाकि हाल में इ प्रोसेसर्स में तीन बड़ खामी पावल गईल बा… जवन बहुते गंभीर साबित हो सकता अउर एकर  जरिए आप सभन के कंप्यूटर के आसानी से हैक करल जा सकता।

अइसे त खामी के पता चलते ही माइक्रोसॉफ्ट तत्काल प्रभाव से इमरजेंसी पैच जारी कर दिहले बा, ताकि इ प्रोसेसर्स में मिलल खामी से बचल जा सके। इ पैच Windows 7, Windows 8.1 अउर Windows 10 ऑपरेटिंग सिस्टम्स खातीर जारी करल गइल बा।

Data can be stolen from the phone and computerगूगल सिक्योरिटी ब्लॉग में कहल गइल बा कि इ खामी के वजह से संभव बा कि कोई कोई शख्स जेकरा के रउआ आपन कंप्यूटर के ऐक्सेस नईखी देले, ऊ आपन सिस्टम से दुसर के  संवेदनशील जानकारियां हासिल कर सकत बा। जेकरा में पासवर्ड्स, एनक्रिप्टेड कीज अउर ऐप से जुड़ल जानकारी हो सकेला।

एकर जरिए हैकर्स दुनिया के लगभग सभन मॉडर्न कंप्यूटर्स से संवेदनशील जानकारी चुरा सकत बा, जेकरा में इंटेल, एआरएम अउर एमडी के प्रोसेसर्स लागल बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here