दहेज उन्मूलन खाती जागरूकता रथ बक्सर पहुंचल

0
1050
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

नीतीश कुमार के दहेजबंदी अभियान के जिला भर में भरपूर समर्थन मिल रहल बा। एही कड़ी में “दहेज उन्मूलन जागरूकता रथ “बाल विवाह अउर दहेज प्रथा के खिलाफ शुरू भईल एगो सामाजिक अभियान के तहत जिल भर के प्रखंडों में जागरूकता मुहिम चलावल जा रहल बा।

जेकरा 26 नवंबर के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार हरी झंडी दिखाके रवाना कइले रहन। इ रथ जिला में 8 दिसंबर के पहुंची। जेकर स्वागत खातीर जोरदार तैयारी चल रहल बा। शिक्षण संस्थानों में इ कार्यक्रम खातीर खासा उत्साह बा।

Gift in Dowryरथ के स्वागत समारोह के मुख्य कार्यक्रम किला मैदान में कईल जायी। इहवां जन प्रतिनिधि अउर प्रशासनिक अधिकारी के अलावे सभन संगठन के प्रतिनिधि अउर स्कूली बच्चे मौजूद रहिहें। रथ के स्वागत के बाद उहवां दहेज उन्मूलन प कार्यक्रम आयोजित होयी। जहवां सभन लोग दहेज उन्मूलन पर स्पीच दिहे।

स्वागत समारोह के बाद रथ नगर भ्रमण खातीर रवाना हो जायी। नगर भ्रमण के दौरान कई जगहों प एकर जोरदार स्वागत के इंतजाम बा, जहवां लोग दहेज ना लेवे अउर ना देवे के संकल्प लिहें। एकरा बाद इ रथ डुमरांव खातीर रवाना हो जायी। डुमरांव में पुराना भोजपुर में डुमरांव महाराज कमल सिंह के नेतृत्व में रथ के स्वागत अउर दहेज के जड़ से मिटावे के संकल्प लिहल जायी। ओकरा बाद राज हाईस्कूल में मुख्य कार्यक्रम के आयोजन बा। जहवां उहां के लोग अउर स्कूली बच्चे शामिल होइहें। डुमरांव से इ रथ ब्रह्मपुर खातीर रवाना हो जायी अउर उहां भी कई तरह के कार्यक्रमों के आयोजन बा। अइसहीं अलग-अलग जगह प कार्यक्रमों के आयोजन के साथ इ रथ जिला से आरा खातीर रवाना हो जायी।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here