Forbes के TOP 20 लिस्ट में दो बिहारी

0
508
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

विश्व के प्रतिष्ठित मैगजीन ‘फोर्ब्स’ हर साल दुनिया के टॉप-20 प्रभावशाली लोग के सूची जारी करेला। फोर्ब्स मैगजीन के साल 2020 के सूची भी जारी हो चुकल बा। मैगजीन के प्रभावशाली लोग के सूची में बिहार के दो दिग्गज शामिल बाड़ें। पहिला हवें जदयू के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष आउर चुनावी रणनीतिकार कहे जाये वाला प्रशांत किशोर आउर दूसरा जेएनयू छात्रसंघ के पूर्व अध्यक्ष सह सीपीआई नेता कन्हैया कुमार। फोर्ब्स पत्रिका के अनुसार ई दोनो दिग्गज भारतीय राजनीती में 2020 आगामी दशक के निर्णायक चेहरा हो सकेलें।

फोर्ब्स के जारी प्रभावशाली लोग के एह सूची में बिहार के कन्हैया कुमार के 12वां आउर प्रशांत किशोर के 16वां स्थान मिलल बा। फोर्ब्स के अनुसार दुनू युवा नेता आगामी दशक में भारतीय राजनीती में प्रमुख भूमिका निभा सकेलें। सूची में पहिला नंबर पर भारतीय मूल के अमेरिकी राजनीतिक टिप्पणीकार आउर कॉमेडियन हसन मिन्हाज बाड़ें, जबकि 20वां नंबर पर कीनियाई मैराथन धावक एलिउड किपचोगे के बा। एह दुनू लोग के अलावा मैगजीन सूची में 5 अन्य भारतीय मूल के लोग के भी शामिल कईल गईल बा।

फोर्ब्स में कन्हैया कुमार के बारे में कहल बा कि ऊ जवाहरलाल नेहरू विश्वविद्यालय में छात्र राजनीति के चेहरा तब बनलें, जब 2016 में देशद्रोह के आरोप के मजबूती से जवाब दिहलें। आपके बता दीं कि कन्हैया कुमार जेएनयू से डॉक्टरेट के उपाधि प्राप्त कईले बाड़ें। कन्हैया कुमार बिहार के बेगूसराय निर्वाचन क्षेत्र से 2019 में पहिली बार लोकसभा चुनाव भी लड़लें हालांकि ऊ भाजपा के गिरिराज सिंह से 4 लाख 20 हजार वोटों से हार गईलन। कन्हैया कुमार अपना पहिला लोकसभा चुनाव के लड़ाई में कुल मत के 22.03 प्रतिशत हासिल कईला में सफल रहलें।

42 साल के प्रशांत किशोर के बारे में फोर्ब्स में कहल बा कि ऊ 2011 से राजनीतिक रणनीतिकार बाड़ें। भाजपा के गुजरात चुनाव जितावे में मदद करे वाला प्रशांत अब एगो संगठन के संरक्षक के तौर पर काम कर रहल बाड़ें। 2019 में उनकर संगठन ‘आई पैक’ तेलंगाना में वाईएसआर जगमोहन रेड्डी आउर महाराष्ट्र में उद्धव ठाकरे खातीर अहम भूमिका निभईलस। फिलहाल ई संगठन दिल्ली में आम आदमी पार्टी के विधानसभा चुनाव खातिर सलाहकार के काम कर रहल बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here