बिहार में भईल जलप्रलय के प्रकोप

0
480
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

पहिला बार बिहार में अईसन जलप्रकोप भईल जवना से पूरा बिहार तबाही के मंजर झेल रहल बा। बिहार के पटना में बाढ़ से मच गईल बा हाहाकार। भारी बारिश से मुसीबत में आ गईल बा पटना। ‘तबाही’ के भयावह तस्वीर निकल के सामने अवता ता रूह खड़ा कर देता।

बिहार में लगातार हो रहल भारी बारिश के मद्देनजर 15 जिला के रेड अलर्ट पर रखल गईल बा। लोग के सुरक्षित स्थान पर ले जाये के जिम्मा एनडीआरएफ (NDRF) आउरी एसडीआरएफ (SDRF) के दिहल गईल बा। पटना में आपदा विभाग द्वारा कंट्रोल रूम के भी व्यवस्था करल गईल बा।

बिहार में बारिश के कहर लगातार जारी बा। पिछले 3 दिन से हो रहल मूसलाधार बारिश लोग खातिर परेशानी के सबब बनके आईल बा।  बारिश से बिहार में जल प्रलय सरीखी स्थिति पैदा कर दिहले बा। बारिश की वजह से जहां पटनावासी परेशान आउर संकट में बा त उहवें राज्य के अन्य 15 जिला में भी हाई अलर्ट पर बा। पटना के सब इलाका जहां जलजमाव के स्थिति के सामना करे के पास रहल बा। त उहवें लोग के अनहोनी के आशंका भी सता रहल बा।

 

पटना के अलावा राज्य के अन्य 15 जिलों में भी बाढ़ के स्थिति भयावह बा। लोग अपन जानमाल के सुरक्षा खातिर ऊंचा जगह पर शरण ले रहल बा त कई इलाका में पहिला तल पूरा पानी में डूब गईल बा, जेसे मजबूरन लोग के छत पर शरण लेबे के पड़ता।

मौसम विभाग अभी अगला 48 घंटा तक बारिश के संभावना जतईले बा। त बारिश के मद्देनज़र कई जिला के स्कूल-कॉलेज के अगला आदेश तक बंद कर दिहल बा त उंहे लोग के भी सुरक्षित स्थान तक पहुंचावल जा रहल बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here