गोरखपुर के ‘खिचड़ी मेला’ खजला बिना के अधूरा लागे ला

0
1248
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

सीएम योगी के शहर गोरखपुर में स्थित गोरखनाथ मंदिर पूरे विश्व मे प्रसिद्ध बा। अउर मकर संक्रांति के अवसर प जनवरी माह में इहां लागे वाला खिचड़ी मेला के बहुत महत्व बा।

Gorakhpur Khichdi Fair incomplete without Khajlaएह साल जब मंदिर के महंत योगी आदित्यनाथ प्रदेश के मुख्यमंत्री बाडन, एहसे इ बार के खिचड़ी मेला के इंतजार सभन लोग के अउर भी ज्यादा बा। इहां खिचड़ी मेला प खजला के दुकान ना हो.. अइसन त हो ही ना सकेला।

खिचड़ी मेला आवते ही गोरखनाथ मंदिर परिसर में खजला बेचे वाला के दुकान सज जाला। जेकर स्वाद के मजा लोग चाव से इ मेला में उठावेलन। मंदिर परिसर के दुकानदार बतवलन कि हमनी के इहां 30 साल से मंदिर परिसर में खिचडी मेला के दुकान लगावत बानी जा। मेला शुरू होखे के 15 दिन पहीले से ही दुकान लगा जाला  अउर लगभग 15 फरवरी ले इहां दुकान लागल रहेला।

खजला के संगे-संगे खोवा, नमकीन के भी दुकान लागेला। बाकी इ मेला में खजला के ही इंतजार सबके रहेला। मीठा खजला लेवे खातीर ग्राहक लोग के भीड़ उमडल रहेला। तमाम शहर से भी लोग खिचड़ी मेला में खजला के दुकान लगावे खातीर आवेलन।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here