बिग बॉस में सुपरस्टार खेसारी लाल के पीठ में के भोकलस छुरा !

0
594
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरी एक्टर खेसारी लाल यादव के लेके बिग बॉस के घर से एगो बड़हन खबर आईल बा। खबर बा कि खेसारी लाल यादव के बिग बॉस घर से बेघर क देले बाडे।

एह बात के जानकारी बिग बॉस खबरी के इंस्टाग्राम पेज पर दिहल गईल बा। बतावल जाता कि घर में मौजूद सदस्य द्वारा कईल गईल वोटिंग के आधार पर खेसारी लाल यादव के घर से बेघर कर दिहल  गईल बा। उनका उम्मीद के मुताबिक प्रदर्शन ना कर रहे के कारण बिग बॉस के टीम ई फैसला लेहलस।

खबर के मुताबिक, खेसारी लाल यादव के यूपी, बिहार आउर झारखंड से बहुत ज्यादा वोट मिलल रहल। एह हिसाब से उ घर से बेघर नाहीं हो सकत रहलन। एहिसे घर के सदस्य से वोटिंग कराके उनका के बिग बॉस 13 के घर से बेघर कईल गईल। खेसारी लाल यादव के बाहर होखे से बिहार आउर यूपी के उनके फैंन्स के बहुत बडहन झटका लागल बा। बिग बॉस घर के सदस्य से पूछलें कि शो में सबसे कम केकर योगदान बा। एह पर ज्यादातर सदस्य खेसारी लाल यादव के नाम लेहलें।

खेसारी लाल यादव  के ‘वीकेंड के वार’ से पहिले ही बिग बॉस 13  से बेघर कईल समझ से परे बा। लेकिन सलमान खान उनके एह खातीर कहले रहलन कि खेसारी शो में नाहीं दिख रहल बाड़े। बार-बार बोलले के बावजूद घर में खेसारी लाल यादव के योगदान नाहीं दिख रहल बा। शायद इहे कारण बा कि बिग बॉस इ फैंसला लेहलें। आपके बता दीं कि खेसारी लाल यादव भारत के प्रसिद्ध भोजपुरी गायक आउरी अभिनेता हवे. खेसारी के पहिला सफलता अपना भोजपुरी एल्बम ‘माल भेटाई मेला’ से मिलल रहल। 2012 में आईल अपना पहिला फिल्म ‘साजन चले ससुराल’ से उ रातों रात भोजपुरी फिल्म जगत के सितारा बन गईलन।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here