मच जाई धूम, जब पाकिस्तान में होई जय श्रीराम

0
2099
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरी सिनेमा इंडस्ट्री के सबसे फिट अभिनेता में गिनाए वाला विक्रांत सिंह राजपूत अवरी बिग बॉस के पिछला सीज़न में धूम मचावे वाली मोनालिसा के फिल्म “पाकिस्तान में जय श्रीराम” के ट्रेलर रिलीज हो गइल बा।

राजपूत फिल्म फैक्ट्री के बैनर तले बनत “पाकिस्तान में जय श्रीराम” के चर्चा के अलग-अलग बहुत कारण बा। पहिला कारण त बा कि इ फिल्म संगे मोनालिसा फिर एक बार भोजपुरी सिनेमा में वापसी करतारी। दूसरा कारण बा फिल्म के शीर्षक। तीसरा कारण बा कि ‘बिग बॉस 10’ के सेट पर विक्रांत सिंह राजपूत संगे बियाह रचावेवाली मोनालिसा इ फिल्म में आपन पति के संगे देखाई दिहे।

Jai Shriram's trailer released in Pakistan

ट्रेलर में विक्रांत अवरी मोनालिसा के जोड़ी एकदम स्वाभाविक देखाई देता ..अवरी हीरा यादव के निर्देशन में शूट भईल एक्शन सीन भी भोजपुरी फिल्म के मुताबिक बढ़िया देखाई देता। फिल्म एक ओर विक्रांत-मोनालिसा के जोड़ी बिया त दुसरा ओर विक्रांत आ सोनिया मिश्रा के अंतरंग दृश्य प्रेम त्रिकोण के राह देखावता।

विडियो में देखाई देत सीन से लागता कि फिल्म के खलनायक अवधेश मिश्रा एगो पाकिस्तानी आतंकवादी के रोल करत बारन। आपन किस्म के अलग अभिनेता के रूप में मशहूर अवधेश मिश्रा के अभिनय कम से कम ट्रेलर में बहुत प्रभावशाली देखाई देता।

हालांकि फिल्म के स्पेशल इफेक्ट बहुत साधारण स्तर के बा.. एकरा बावजूद एक्शन सीन में विक्रांत के भाव-भंगिमा ठीक-ठाक लागता। मोनालिसा आपन छवि के मुताबिक एह फिल्म में बहुत हॉट देखाई देता बारी।

फिल्मे के निर्देशन, लेखन अवरी संगीत रामाकांत प्रसाद के बा। फिल्म के बारे में उनकर कहनाम बा की विक्रांत में प्रतिभा अवरी जोश हद से ज्यादा बा… बस जरूरत बा कि ऊ प्रतिभा अवुरी जोश के एगो साँचा में ढाल दिहल जाओ।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here