मेहंदी लगाके रखना 3′ में दिखीहन खेसारी लाल यादव, फर्स्ट लुक भईल जारी

0
928
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरी के सफल फिल्‍मों में से एक ह ‘मेहंदी लगाके रखना’. जेकर फ्रेंचाइजी में एक बार फिर से सुपरस्‍टार खेसारी लाल यादव के वापसी हो रहल बा. एह फिल्‍म के सीक्‍वल ‘मेहंदी लगाके रखना 3’ के फर्स्‍ट लुक आउट हो गील बा, जवन खूब वायरल भी हो रहल बा… एह फिल्म में खेसारी लाल यादव के अपोजिट एगो नई एक्‍ट्रेस शहर अफसा नजर आ रहल बाड़ी… फर्स्‍ट लुक में शादी के मंडप में अफजा फोन से बात करत अउर खेसारीलाल यादव उनकरा के निहारते नजर आ रहल बाड़न.

‘मेहंदी लगाके रखना 3’ के लेखक, संगीतकार अउर निर्देशक रजनीश मिश्रा बाड़न, जवन एह फिल्‍म के पहिला पार्ट के भी निर्देशित कइले रहन… एक तरह से देखल जाव त रजनीश मिश्रा के भी एह फिल्‍म में वापसी हो रहल ह. ‘मेहंदी लगाके रखना 3’ के पहिला पार्ट के उहांके साल 2017 में खेसारीलाल यादव, काजल राघवानी अउर ऋतु सिंह के लेके बनवले रहनी, जवन भोजपुरी सिनेमा में बदलाव अउर कंटेंट बेस्‍ड सिनेमा के वाहक बनल. फिर साल 2018 में आइल फिल्‍म के दूसरा पार्ट से खेसारीलाल यादव अउर रजनीश‍ मिश्रा दुनों बाहर हो गइले.बाकी फिल्‍म के तीसरा पार्ट में अब इनकर जोड़ी एक बार फिर से देखे के मिली. जेकरा बाद इ कयास लगावल जा रहल बा कि फिल्‍म एक हाली फिर कवनो माइलस्‍टोन सेट करी. ‘मेहंदी लगाके रखना 3’ में खेसारीलाल संगे नई एक्‍ट्रेस शहर अफसा के कास्‍ट करल गइल बा, जवन फिल्‍म के फर्स्‍ट लुक में खूब जंच रहल बाड़ी… फिल्‍म के निर्माण निशांत उज्‍जवल कर रहल बाड़न. निशांत के उम्‍मीद बा कि इ फिल्‍म दर्शक लोग के दिल पर राज करी.

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here